अनेकन कार्जक्रम के साथ राष्ट्रिय बाल दिवस मनावल गईल

मेवालाल यादव

रौतहट २९ भादो

“बाल बालिकामा लगानी, सुनिश्चित भविष्यको थालनी” कहके मुल नारा के साथ आजु रौतहट लगायत देशभर बाल दिवस मनावल गईल बा ।

GEC Ukaid तथा people in need पिन नेपाल के प्राबिधिक सहजोग मे समाजिक संघ संगठन के जिल्ला समन्वय समिति के sodcc para आ आसमान नेपाल के साझेदारी मे संचालित आरम्भ प्रयोजना अन्तर्गत बालिका तथा समावेशी शिक्षा संजाल मा.वि. धनारी धर्मपुर के अगुवाई मे ५९ वाँ बाल दिवस मे हाजिरी जवाफ प्रतियोगिता पुरा भईल बा ।

प्रतियोगिता मे विद्यालय के अध्यनरत लईकालइकी करके २० जने के सहभागिता रहल आ ओमे प्रथम, द्वितिय, तृतिय, सन्तवना स्थान हासिल करेवाला के सहजोगी संघ संगठन द्वारा पुस्तकृत कईल समाजिक परिचालन राम बचन अधिकारी बतवनी ।

लईकालइकीसब के अन्तरनिहित प्रतिभा के पुरस्कृत आ उलोग के क्षमता अभिबृद्धि करेके कहके संचालन कईल कार्जक्रम रौतहट जिल्ला के अनेकन बिद्यालय तथा प्राइभेट बिधालय मे बाल दिवस मनवले बाडन । एहितरे परोहा, बौधिमाइ, राजपुर, इशनाथ, देवाही होनाही, फतुवा बिजयपुर, गौर गुजरा, माधवनारायन, गढिमाई, बृदावान, चपुर, गरुडा दुर्गाभगवती, यमुनामाइ, राजदेवी नगरपालिका तथा गाँवपालिका लगायत प्राइभेट गौर एकेडेमी बोर्डिङ स्कुल मे भी खाजा वितरण के साथ बाल दिवस मनावल गईल बा ।

कार्जक्रम मे शिक्षक रामबाबु साह, रामइश्वर यादव, नागेन्द्र पासवान, सिकिन्द्र यादव, सुरेश कर्ण, शिक्षिका लगायत लईकालइकीसब के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।