नवनिर्मित दलित धर्मशाला के उद्घाटन पूर्व मंत्री सोनल कईले

बारा ३१ भादो

बारा के परवानीपुर गाँव वार्ड नम्बर ३ लिप्नीमाल मे नवनिर्मित राम दलित धर्मशाला के उद्घाटन भइल बा ।

लोकतांत्रिक समाजवादी पार्टी के मधेश प्रदेश के अध्यक्ष आ पूर्व मंत्री जितेन्द्र सोनल एतवार के दिने एह धर्मशाला के उद्घाटन कइलन.

राम दलित धर्मशाला के निर्माण खातिर पुर्व मन्त्री एवं प्रदेश सभा सदस्य सोनल के संसदीय विकास कोष के पैसा से भईल रहे।

पूर्व वार्ड अध्यक्ष अनिल राम के अध्यक्षता में भइल उद्घाटन कार्यक्रम में लोस्पा के क्षेत्रीय अध्यक्ष सीताराम गुप्ता, लोस्पा से परवानीपुर गाँव अध्यक्ष प्रत्याशी जगत नारायण महतो, वार्ड अध्यक्ष गंभीरा पटेल, लासप के नेता महेन्द्र यादव, हामिद मिया, जिउत शाह, प्रमोद यादव, उमादेवी राम , मुकेश रौनियार, चैत।राम, श्याम राम,कृष्ण राम, शिवप्रसाद राम आदि मौजूद रहे, विनेश राम जानकारी देले।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।