निःशुल्क स्वास्थ्य शिबिर आ खुनदान कार्जक्रम पुरा

वीरगंज १७ फागुन,
समाज परिवर्तन नेपाल संस्था के आयोजना मे आजु निःशुल्क स्वास्थ्य शिविर, खुनदान आ समाज मे रहल एकल जनानी के सम्मान कार्जक्रम पुरा कईले बा ।
वीरगंज माहानगरपालिका वार्ड नं. २३ परसौनी मे भईल कार्जक्रम मे ७६ जने खुनदान कईल आयोजक संस्था के अध्यक्ष अखलेश साह बतवनी ।
रोसनसरार्फ, राहुल साह, राकेश साह, लाबाबू यादव, सुनिल साह, शम्भु साह, राजेश यादव, अमित यादव, भोला पटेल, रुपेश यादव, रितेश पटेल लगायत के लोग खुनदान कईल जानकारी देहनी ।
निःशुल्क स्वास्थ्य शिविर कार्जक्रम मे २ सय ५० जने स्वास्थ्य परिक्षण करावल आ निःशुल्क दवाई भी देहल गईल संस्था के राहुल साह बतवनी । स्वास्थ्य परिक्षण करावेवाला मे अधिकांस जनानीलोग रहल उ बतवनी ।
एहितरे कार्जक्रम मे ९ जने एकल जनानी के लत्ता कपड़ा देके सामान भी कईल गईल रहे । संस्था के अध्यक्ष साह भिखइनिया हाजरा, राधिका दस, सुसीला देबी, गायत्री देबी, नेमा पासवान, कलावती देबी गीत देबी, उसा देबी, कुहद्री देबी के लता, कपड़ा देके सामान कईल बतवनी ।
संस्था के अध्यक्ष साह के अध्यक्षता भईल कार्जक्रम मे बीरगंज महानागपालिका वार्ड नं.२३ के वार्ड अध्यक्ष अवद्धकिशोर कुशवाहा, नेकपा के प्रदेश कमिटी सदस्य तेजप्रकास निषाद, बालगोपाल थापा, जिल्ला सदस्य सम्भु गुप्ता, तादुजिन अंसारी, मनेजर साह, लालबाबू यादव, पत्रकार राकेश साह, रंजित चौरसिया, उमेश कुशवाहा लगायत के सहभागिता रहल रहे ।
कार्जक्रम के समापन नेकपा के केन्द्रीय सदस्य एवम् बीरगंज महानगर इंचार्ज दिनेश राई आ संस्था के अध्यक्ष साह संयुक्त रुप मे कईले रहनी ।






