वार्षिक समीक्षा ना बुझईला के चलते ईशनाथ के खाता बन्द

मेवालाल यादव

रौतहट ०३ कुवार

चालू आर्थिक बरीस २०८०÷०८१ सुरु भईल तीन महिना लागला पर भी ईशनाथ नगरपालिका के खाता सञ्चालन मे आवे सकल नईखे । नगरपालिका के बितल आर्थिक बरीस २०७९÷०८० के वार्षिक समीक्षा ना बुझईला से खाता सञ्चालन मे आवे नईखे सकल ।

पालिका के खाता बन्द भईला से आर्थिक कारोबार ठप्प रहल नगरपालिका के सूचना अधिकारी तथा जनस्वास्थ्य अधिकृत रबिन्द्रकुमार झा जानकारी देहनी । उ नगरपालिका के नगरसभा भईला पर भी वार्षिक बजेट के समीक्षा से खाता ठप्प भईल बतवनी । खाता बन्द भईला से आर्थिक कारोबार समेत रोकल उनकर कहनाम बा । खाता कहिया से सञ्चालन आवेके बारेमे खुद के जानकारी ना भईल उ सुनवनी । उ कहनी, ‘ई हमनी के हाथ मे नईखे ।’

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।