बारा मे एगो हत्या के अनुसन्धान ना भईल तले दोसर आदमी के गोली मार के हत्या

प्रभु यादव
बारा ९ कुवार
बारा के पचरौता नगरपालिका वार्ड नम्बर ६ पकडीया मे एक जने के गोली मार के मुवा देहल गईल बा ।
पचरौता न.पा के वार्ड नं ६ पकडिया के लक्ष्मीनिया पोखरा के आँटपर अज्ञात व्यक्ति गोली से एक जने के मार देहले बाडन । भारत दारपा थाना अन्तर्गत सुकलैया के २२ बरीस के अजितकुमार सिंह के हत्या भईल पुलीस के प्रारम्भिक अनुसन्धान मे खुलल बा ।
इलाका प्रहरी कार्यालय सिम्रौनगढ के प्रहरी निरीक्षक रवि भूषण यादव के मुताविक नेपाल–भारत सीमावर्ती गाँव मे उ युवक के हत्या भईल रहे । हत्या कईल युवक सँगे आईल ५ जने के समूह कन्चट आ घेंट मे गोली मारके उ समूह फेनु भारत ओरी भागल स्थानीयलोग बतवले बाडन । घटनास्थल मे तालिम प्राप्त कुकुर लियाके घटनाबारे आउर अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा । घटना के सम्बन्ध मे छानविन कईल जारहल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा । स्थानिय जनता के अनुसार दु गो मोटरसाइकल मे आईल लोग तीन जने रहल मेसे मोटरसाइकल मे रहल एक जने के गोली मारले होई कहके शंका रहल बतावले बाडन ।
एक मोटरसाइकल पर दु जने आ एगो पर तीन जने भारतीय नम्वर प्लेट के मोटरसाइकल दखिन से आईल रहे आ जाएके बेर दुनु पर दु दु जने रहल स्थानिय लोग के कहनाम रहल बा । गोली के दुगो अवाज सुनला पर स्थानिय लोग दौडल तब तकले मोटरसाइकल वाला दुनु भाग गईल स्थानिय जनता के कहनाम रहल बा ।
एहितरे सोमार के दिन पचरौता नपा १ पिपरपाती से दक्षिण रहल दस गजा पर स्थानिय जवान अमरेश कुमार सिंह के लास हथियार से खतविखत कर के मारल भेटल रहे । घटना मे दु जने भारतीय नागरिक राहुल साह आ सामलाल महतो के पकड के अनुसन्धान कईल जा रहल प्रहरी उपरीक्षक सुरेश प्रसाद काफ्ले जनकारी करावले बानी ।





