सर्लाही मे पुलीस आ कांग्रेस कार्यकर्ता बीच झडप, डीएसपी सहित ४० से बेसी घायल

जनकपुरधाम २८ कुवार

सर्लाही मे आपन कार्यकर्ता के हत्यारा के कारबाही के माग करत जिल्ला प्रहरी कार्यालय परिसर मे प्रदर्शन करे गईल नेपाली कांग्रेस के नेता÷कार्यकर्ता आ पुलीस बीच बुध के दिने दिनके झड्प भईल बा ।

बहुते संख्या मे आईल कांग्रेस के नेता एवम् कार्यकर्ता जिल्ला प्रहरी कार्यालय भितर प्रवेश करेके खोजला के बाद झड्प भईल बा ।

‘आवते मातर उलोग ईटापथल चलावे लागल,’ जिल्ला प्रहरी कार्यालय सर्लाही के डीएसपी एवं प्रवक्ता मदन कुँवर कहनी कि, ‘उलोग पुलीस कार्यालय के झ्याल के सिसा भी फोरला के बाद बल प्रयोग करेके पडल रहे ।’
उनका मुताविक भिड के नियन्त्रण मे लेवे खातिर पुलीस ३१ राउण्ड अश्रु ग्याँस प्रहार कईले बा ।

दुनु पक्ष के झडप मे डीएसपी सहित पुलीस ओरी २२ जने घायल भईल बाडन । एहितरे प्रदर्शनकारी ओरी भी २० से बेसी आदमी घायल भईल प्रदेश सांसद वीरेन्द्र सिंह जानकारी देहनी ।

झाडु, प्लेकार्ड सहित प्रदर्शनकारी जिल्ला प्रहरी कार्यालय गईल रहलन । उलोग रामनगर गाँवपालिका वार्ड नम्बर ७ मे हत्या कईल महेन्द्र राम के हत्यारा के कारबाही करेके, राम के शहीद घोषणा करेके आ पीडित परिवार के क्षतिपूर्ति उपलब्ध करावेके माग रखले बाडन ।

कांग्रेस के नेतालोग शान्तिपूर्ण प्रदर्शन कईला पर पुलीस अचानक बल प्रयोग कईल दाबी कईले बाडन । माकिर प्रदर्शनकारी से तोड्फोड करे लागला के बाद बल प्रयोग करत अश्रु ग्याँस प्रहार करेके पडल डीएसपी कुँवर बतवनी ।

एहितरे सर्लाही मे बुध के दिने भईल शान्तिपूर्ण विरोध प्रदर्शन मे पुलीस हस्तक्षेप कईल कहत नेपाली कांग्रेस घोर निन्दा आ भत्र्सना कईले बा ।

सर्लाही के रामनगर गाँवपालिका–७ के महेन्द्र राम के हत्यारा के कारबाही करेके माग राखत कईल शान्तिपूर्ण प्रदर्शन मे पुलीस लाठी चार्ज आ अश्रुग्यास प्रहार कईल कहत कांग्रेस विज्ञप्ति जारी करके घटना के घोर निन्दा आ भत्र्सना कईले बा ।

विज्ञप्ति मे कहल बा, ‘मृतक के ओरी से जाहेरी दरखास्त दर्ता करावे खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय गईला पर सुरक्षाकर्मी के लाठी प्रहार से मृतक के मेहरारु, भाइ एवं आउर ३ जनानी भी घायल भईल बाडि ।’ पुलीस संघीय संसद के सदस्यद्वय नागेन्द्रकुमार राय आ डा. अमरेशकुमार सिंह, प्रदेश सांसदद्वय उपेन्द्र कुशवाहा आ वीरेन्द्रप्रसाद सिंह उपर दुर्वयवहार कईल कांग्रेस के आरोप बा ।

पकडाईल आदमीसब के अविलम्व रिहाइ करेके, मृतक के परिवार के जाहेरी दर्ता करेके, पीडित परिवार के न्याय देवेके आ जरुरी क्षतिपूर्ति के व्यवस्था करे खातिर कांग्रेस सरकार से माग भी कईले बा ।

बहुते संख्या मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पुगल कांग्रेस कार्यकर्तालोग कार्यालय भितर जबरजस्ती प्रवेश करेके खोजला पर पुलीस सँगे झडप भईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।