शिक्षा आ मर्यादा के ना, पईसा के भुखिया भईल बाडन कुछ मास्टर

प्रभु यादव
बारा ९ कुवार
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर २ अमर माध्यमिक विद्यालय के पढनियार लईकालईकी बढाई खातिर तालाबन्दी तीन बेर कर चुकलन माकिर समस्या ओईसने रहल बा ।
किलास ११ आ १२ के शिक्षा अउरी व्यवस्थापन विषय के पढाइ होखेला ६ विषय मेसे ४ गो पढावल जाला दु गो के पढनियार लोग के अपने तईयारी करेला मास्टरलोग दबाब देवेलन कहके लईकन सब बतवले बाडन । किलास १२ के पढनियार लईका दिपेश मण्डल अपना सब से पहिले परीक्षा देहल लोग सभे करिब सभे विषय मे फेल भईल सिकायत कईले बाडन ।
समाजिक, अंग्रेजी आ नेपाली पढाई ना होखेला कभोकाल सर लोगिन आवलेन जवना के कारण पढाइ ना होखे सकल मण्डल सिकायत कईले बानी । समय मे पढाइ ना भईला से चिन्ता बढल बा आ आवेवाला दिन मे पढाइ मे अगाडि बढेवाला रास्ता रूकजाई लागरहल बा लालमुनि राम जनकारी करावले बानी । गाँव के लईकी सब गाँव के स्कुल मे किलास १२ तक के शिक्षा हासिल कर सकेके हौसला समय वितजाई आ पढाइ उपर बढेके चाहिँ जवन निचे गिरी राम बतावले बाडी ।
किलास ११ मे पढनियार सुनिता कुमारी मण्डल ई साल के किलास १२ के आईल परिक्षाफल देख के बाहर पढेके मन रहल माकिर स्कुल अपना के दुसर स्कुल जाएला शैक्षिक प्रमाण पत्र ना देहलख जवना के कारण बाध्य होकर के पढे मे बाध्य भईल बतावले बानी । मास्टर लोग समय मे पढावे ना आवेलन बात रखला पर कईल जाई झुठ असवासन देवेला लोग किलास ११ के पढनियार मुस्कान खातुन बतावले बानी । किलास ११ के पढनियार निभा कुमारी मास्टर आ विद्यालय के जिमेवार लोग हमनी के बात ना सुन रहल बाडन आ पढाइ ना करावेके काम उहे लोग के राजनीति से होरहल बतावले बाडी ।
अमर माध्यमिक विद्यालय के प्रअ दिनेश प्रसाद जयसवाल से जनकारी लेहला पर किलास ११ आ १२ पढावेला दु जने मास्टर रहल बाडन कलास आठ गो बा उ लोग आपन विषय मे पढावले बाकी विषय के पढाईला मावि के शिक्षक लोग पढावलन आ उनका के बेसी पईसा देहल जाला जनकारी करावले बानी ।
मावि के शिक्षक लोग किलास १० से उपर पढावेला ना मानेला प्रअ जयसवाल जनकारी करावले बानी । किलास ९ से १२ तक मावि बनावले बा माकिर किलास ११ आ १२ मे पढावेवाला लोग के तलब बेसी रहल बा मावि शिक्षक के कम त कईसे पढाइ प्रअ जयसवाल बतावले बानी । किलास ११ आ १२ चलावेला पढनियार लईकन सब से उठा के दुसर लोग के देहल जाई तबही पढाइ मे सुधार होई प्रअ बतावले बानी ।
कलैया उपमहानगरपालिका के शिक्षा शाखा के प्रमुख प्रहलाद वर्णवाल किलास ९ से १२ तक मावि मनले बा माकिर कानुन ना बनला से समस्या रहल जनकारी करावले बानी । किलास ११ आ १२ मे कम शिक्षक देहला से पढाइ के समस्या होरहल वर्णवाल बतावले बानी । मावि के शिक्षक के एक हप्ता मे २४ गो कलास पढावे के नियम रहल बा जवना से अधिक पढावे के ना चाहला से समस्या सब बढल शिक्षा शाखा प्रमुख वर्णवाल जनकारी करावले बानी ।
कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर २ के नन्दु राम सभे मास्टर लोग शिक्षा आ मर्यादा के ना मनिहे तब तक तलब भाता के बात करत कमाउ धन्दा रही आ शिक्षा सुधार ना होई बतावले बानी ।
अभिभावक लोग निजि स्कुल मे पढनियार लईका सब के देहल पईसा से सञ्चालन होरहल आ सरकार से सामुदायिक स्कुल मे पठारहल पईसा आ पढनियार लईकालईकी के संख्या से भाग कईला पर बहुत जादा खर्च जनता के तिर कर के होरहल बा जवना से प्रष्ट बुझल जाता कि शिक्षा, मर्यादा ना पईसा चाहिँ मास्टर के बुझाई रहल बा । सामुदायिक स्कुल के पढावेवाला शिक्षक आ मस्टर लोग के अपने आपन जगह से मुल्यांकन कर के सुधार करेके समय आईल बा नात जनता फैक्टरी सब लेखा स्कुल निजिकरण करेला माग करेमे ना अवाज उठेलागे ओसे पहिले सोचके सुधार करेके परल ।





