वीरगंज के मेयर सिंह के नागरिकता प्रकरण : छानबिन के माग करत प्रशासन कार्यालय मे धर्ना
वीरगंज के मेयर सिंह के नागरिकता प्रकरण : छानबिन के माग करत प्रशासन कार्यालय मे धर्ना

वीरगंज २४ माघ
वीरगंज महानगरपालिका के मेयर राजेशमान सिंह के किर्ते नागरिकता प्रकरण बारे मे छानबिन करे खातिर सचेत नागरिक समाज पर्सा बुध के दिने जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मे दबाव स्वरुप धर्ना देहले बा ।
मेयर सिंह रुबिना श्रेष्ठ नाम भईल युवती के आपन बेटी बनाके नागरिकता बनावल आरोप सहित पुलीस प्रशासन मे जाहेरी परला से उ सम्बन्ध मे छानबिन करके कानुनी प्रक्रिया अगाडि बढावे खातिर धर्ना, जुलुस लगायत के दबावमुलक कार्जक्रम करत आईल सचेत नागरिक समाज पर्सा जनवले बा ।
प्रशासन कार्यालय के मेन गेट मे देहल धर्ना मे अनेकन राजनीतिक दल के सर्वदलीय नेता तथा कार्यकर्तालोग के सहभागिता रहल रहे ।
उ धर्ना कार्जक्रम मे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. २० के वार्ड अध्यक्ष रामकिशोर सिंह पराग, जनमत पार्टी के केन्द्रिय सदस्य शशिकपुर मिया, मुकेश द्विवेदी, राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी के वीरगंज महानगर के अध्यक्ष जलेश्वर सरार्फ, नेपाली कांग्रेस के पर्सा क्षेत्र नं.२ के क्षेत्रीय सभापति मोहमद साबुद्दिन, नेकपा एमाले के प्रदेश सदस्य लियाकत अलि, संजय सिंह लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






