पर्सा मे जसपा के समानान्तर समिति गठन

वीरगंज १० कुवार

पर्सा मे जनता समाजवादी पार्टी (जसपा) भितर दु गुटबीच लम्हर समय से चलत आईल विवाद बाहर आईल बा । बितल निर्वाचन से जिल्ला नेतृत्व के विषय के लेके दु गुट मे विभाजित नेतालोग बीच बहुते विवाद चलत अईला मे बुध के दिने समानान्तर जिल्ला कार्यसमिति हि गठन भईल बा ।

पर्सा मे जसपा भितर जिल्ला अध्यक्ष रामनरेश प्रसाद यादव, पूर्व मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत लगायत नेतालोग के एक गुट बा आ दोसर गुट के नेतृत्व जसपा के प्रमुख सचेतक भी रहल प्रतिनिधि सभा सदस्य प्रदीप यादव कर रहल बाडन । यादव के गुट मे जसपा के केन्द्रीय सदस्य भी रहल वीरगंज महानगरपालिका के मेयर राजेशमान सिंह आ जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के प्रमुख अजय सर्राफ लगायत के बाडन ।

बुध के दिने वीरगंज के अनमोल पार्टी प्यालेश मे सांसद यादव के प्रमुख आतिथ्यता मे आयोजना कईल नेता कार्यकर्तालोग के भेला से सिंघासन साह तेली के अध्यक्षता मे जसपा के समानान्तर जिल्ला कार्यसमित गठन कईले बा । तेली बहुदरमाई नगरपालिका के मेयर भी हउवन ।

उ जिल्ला कार्यसमिति के उपाध्यक्ष मे ग्यासुदिन मियाँ, अजय चौरसिया आ मिथिलेश सिंह, सचिव मे उमेशलाल सहनी, सहसचिव मे सुशील साह कानु, सुनिल कुशवाहा आ नुर आलम अन्सारी, कोषाध्यक्ष प्रेमकुमारी सिंह, सदस्य मे असलम आलम, अजय सर्राफ, बैजुलाल स्वर्णकार, नेक महम्मद अन्सारी, सुनिता शर्मा, सुरज मानन्धर, खैरुदिन मियाँ आ प्रतिमा सिंह रहल बाडन ।

जसपा के प्रमुख सचेतक एंव सांसद प्रदीप यादव रामनरेश यादव अध्यक्ष रहल जिल्ला तदर्थ समिति के वैधानिकता ओरईला के बाद बुध के दिने नेता कार्यकर्ता के भेला से तेली के अध्यक्षता मे जसपा के जिल्ला कार्यसमिति पुनर्गठन कईल बतवनी । उ कहनी, ’यादव अध्यक्ष रहल समिति तदर्थ समिति रहे । उ तदर्थ समिति के वैधानिकता बेसी मे ६ महिना मात्र रहे । माकिर बरीस बितला पर भी तदर्थ समिति ना जिल्ला अधिवेशन करके नयाँ जिल्ला समिति गठन करे सकल ना समिति के हि पूर्णता देवे सकल । उ चलते बुध के दिने जिल्ला कार्यसमिति पुनर्गठन कईल बा । ई हि वैधानिक जिल्ला कार्यसमिति ह । समानान्तर समिति ना ह ।’

एकरा से पहिले के जिल्ला तदर्थ समिति के अध्यक्ष आ सचिव के दोसर दल के दलाल भईल आरोप लगावत यादव कहनी, ’उ दु जने हि पर्सा मे पार्टी के धराशायी बनवले बाडन ।’

बुध के दिने तेली के अध्यक्षता मे समानान्तर जिल्ला कार्यसमिति गठन भईला के बाद जसपा के जिल्ला अध्यक्ष रामनरेश यादव बुध के दिने हि दुपहरिया एक विज्ञप्ति जारी करके तेली के अध्यक्षता मे गठित समिति अवैधानिक रहल बतवले बाडन । जिल्ला सचिव तबरेज अहमद के भी हस्ताक्षर रहल उ विज्ञप्ति मे पार्टी संगठन भताभुङ्ग बनावेके, अराजक प्रवृति आ व्याक्तिवादी चिन्तन भईल, बेर बेर पार्टी के नीतिनियम विरुद्ध के काम करत आईल आदमीसब के सोच मे परिवर्तन ना देखल पार्टी के खातिर आत्मघाती भईल यादव टिप्पणी कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।