पाँच महिना मे रु चौध करोड बराबर के नून बेंचाईल

वीरगंज १४ पुस
साल्टटे«डिङ कर्पोरिशन लिमिटेड प्रदेश नं २ कार्यालय चालू आर्थिक बरीस के पिछिलका पाँच महिना के समय मे कूल रु चौध करोड मूल्य बराबर के नूनजन्य सामान बिक्री करेमे सफल भईल बा ।
कार्यालय के मुताविक आव २०७८÷७९ सावन से अगहन मसान्त तक के समय मे कूल रु चौध करोड ३५ लाख २५ हजार ३२५ बराबर के नूनजन्य सामान बिक्री कईले रहे । कार्यालय प्रमुख अमोज लामिछाने बितल आर्थिक बरीस २०७७÷७८ मे रु २७ करोड १० लाख ५५ हजार ८५० बराबर के नूनजन्य सामान बिक्री कईल जानकारी देहनी । २०२० साल भादो २७ गते सार्वजानिक निजी साझेदारी मे स्थापित उ कर्पाेरेशन पिछिलका समय ऐतिहासिक फड्का मरले बा । संस्था मे सरकार के २२ प्रतिशत शेयर लगानी बा ।
स्थापना के ५८ बरीस मे कर्पोरेशन से दैनिक उपभोग्य बस्तु नून, चिनी, चाउर, दाल आउर गेडागुडी, खाएवाला तेल, आँटा, मैदा, ग्यास लगायत के वस्तु सर्वसुलभ रुप मे बिक्री वितरण करत आईल बा । कर्पाेरेशन आपन लगानी मे गोरखकाली रबर उद्योग, खाद्य उद्योग, नेपाल वनस्पति ध्यू उद्योग लिमिटेड लगायत हिमालय खाद्य एवं प्याकिङ उद्योग स्थापना कईले रहे ।
एहितरे नेशनल फाइनान्स लि., सगरमाथा इन्स्योरेन्स जईसन संस्था के स्थापना करके देश के औद्योगिकरण के रास्ता मे अगाडि बढवले बा । सरकार से देहल नीति निर्देशन मे कर्पोरेशन समय मे आयात व्यवस्था करके चिनी, नून, चाउर आ खाद के कमी होखे देहले नईने ।
कर्पोरेशन से बिक्रीवितरण करत आईल आयोडिनयुक्त नून दक्षिण एशिया मे सस्ता बा । कर्पाेरेशन ७ बरीस पहिले के दाम मे नून के सहजरुप मे बिक्रीवितरण करत आईल बा । आयोडिनयुक्त नून के चलते पहाडी आ दुर्गम क्षेत्र मे लुलो लङ्गडो होखेके, हात्तीपाइले, आन्हर होखेके जईसन बेमारी हटल जनावल गईल बा ।
सरकार खाद आयात आ बिक्री वितरण के सभी जिम्मा कर्पोरेशन के देहला पर बाली लगावेके आ किसान के जरुरी भईल समय मे खाद के हाहाकार ना होखेके जनावल गईल बा । कर्पोरेशन विसं २०७२ वैशाख के विनासकारी भूकम्प के बाद घर पुनःनिर्माण करेवाला जस्तापाता आयात करके बिक्री वितरण भी कईले रहे ।






