ईस्लाम धर्मगुरु पैंगम्बर मोहम्मद के जन्मदिन मनावल गईल

मेवालाल यादव
रौतहट ११ कुवार
इस्लाम धर्मावलम्बीलोग के धर्मगुरु पैंगम्बर मोहम्मद के जन्म दिन के अवसर मे रौतहट सहित देशभर उत्सव के रुप मे मनावल गईल बा । रौतहट सहित सर्लाही, बारा, पर्सा, महोत्तरी, धनुषा, सिरहा, सप्तरी सहित देश के अनेकन जगहा मे ईस्लाम धर्मगुरु पैंगम्बर मोहम्मद के जन्म दिन भव्यता के साथ मनावल गईल बा ।
खास करके सर्लाही सदरमुकाम मलंगवा मे बितल कुछ दिन से समाजिक सदभाव मे आईल खलल के मध्यनजर करत मलंगवा मे सुरक्षा व्यवस्था कडा कईल रहे । जिल्ला सुरक्षा संयन्त्र उच्च सुरक्षा सावधानी अपनाके शान्ति व्यवस्था कायम कईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय सर्लाही जनवले बा । पैगम्बर मोहम्मद के जन्मदिन के अवसर मे आजु मधेश प्रदेश सरकार मधेश प्रदेशभर सार्वजनिक छुटी देहले रहे ।






