कलैया मे जनयुद्ध दिवस मनावल गईल

कलैया मे जनयुद्ध दिवस मनावल गईल

प्रभु यादव

बारा ०१ फागुन

बारा जिल्ला के सदरमुकाम कलैया के मुख्य चौक भरत चौक मे मैनबती बारके जनयुद्ध दिवस मनावल गईल बा ।

नेकपा माओवादी केन्द्र कलैया उपमहानगरपालिका अध्यक्ष मुकेश साह आजु देश के सुनियोजित तरिका से गणतन्त्र उपर प्रहार हो रहल बतवले बानी । जनता के बलिदानी से आईल गणतन्त्र मे राजतन्त्र आवेके हल्ला मात्र रहल आ ओकरा पछाडि ना लागे खातिर निहोरा कईले रहनी ।

अध्यक्ष मुकेश साह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथी प्रभु यादव, कलैया नगरपालिका उपाध्यक्ष रमेश साह, सुनिल कुशवाहा, आबिद हुसैन अंसारी, सहसचिव बिक्रम साह, मंदिप पटेल लगायत के लोग आपन आपन बात राखल संदिप गुप्ता बतवले बानी । अखिल (क्रान्तिकारी) बारा जिल्ला अध्यक्ष संदिप यादव से सहजीकरण कईल कार्जक्रम मे प्रमान्द कुश्वाहा, उमेश यादव, मोहन राम, राजन पटेल, लक्ष्मी पटेल, संजय साह, सोनालाल प्रसाद साह, दिपक यादव, ओजेर आलम, बिनोद तुलाधर, रंजन साह, बिक्की माली, सोनु प्रसाद कुर्मी, धिरज पटेल, अभिन्यु साह, उमेश प्रसाद साह लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।