नेपाल स्वयं सेवक संघ के गरुडा नगरपालिका मे नगर कमिटी गठन 

रौतहट १२ कुवार

रौतहट जिल्ला के गरुडा नगरपालिका मे शुक के दिने नेपाल स्वयं सेवक संघ मधेस प्रदेश के ११ सदस्यीय गरुडा नगर कमिटी गठन भईल बा । मधेश प्रदेश के अनेकन जिल्ला मे नेपाल स्वयं सेवक संघ के संगठन विस्तार करेके समय मे गरुडा नगरपालिका मे नगर कमिटी गठन कईल बा ।

मधेश प्रदेश के फोकल पर्सन पूजा पाठक के विशिष्ट अतिथि तथा गरुडा नगरपालिका के नगर प्रमुख कन्थमनि कल्वार के प्रमुख आतिथ्यता मे भईल नगर भेला से राकेश यादव के अध्यक्षता मे भईल बा ।

नव गठित नगर कमिटी के अध्यक्ष मे रोहित कुमार जयसबाल, उपाध्यक्ष मे कृष्ण कुमार सिंह, सचिव मे बिजय कुमार साह, सह–सचिव जयप्रकाश चौधरी, कोषाध्यक्ष अञ्जनी कुमारी चौधरी, सदस्य मे प्रमानन्द साह, बिकास झा, सिमा देवि साह, श्रीती जयसवाल, आरती जयसवाल, शेख अल्ताफ सर्व सहमति से चयन भईल बाडन ।

नव गठित नगर कमिटी के शुभकामना देत मधेश प्रदेश फोकल पर्सन पूजा तिमिल्सिना नेपाल स्वयं सेवक संघ सामाजिक सस्था रहल आ समाज मे रहल विसंगति विकृति के हटावेके काम मे सक्रिय होके लागेके सुझाव देहले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।