डाक्टरलोग के आन्दोलित के चलते वीरगंज के अस्पताल मे ओपिडी सेवा बन्द
वीरगंज १२ कुवार
चिकित्सक उपर हो रहल आक्रमण के विरोध मे वीरगंज के अस्पताल आ क्लिनिक मे शुक के दिने बहिरंग (ओपिडी)सेवा बन्द कईल बा । नेपाल चिकित्सक संघ नारायणी शाखा के आह्वान मे वीरगंज के चिकित्सकलोग शुक के दिने सरकारी तथा निजी अस्पताल, नर्सिङ होम, क्लिनिक आ मेडिकल कलेज मे ओपिडी सेवा बन्द कईले बाडन ।
चिकित्सक संघ नारायणी शाखा के अध्यक्ष डाक्टर मनोज गुप्ता आ सचिव डाक्टर नौसाद हक संयुक्त विज्ञप्ति जारी करत चिकित्सक आ स्वास्थ्य संस्थासब मे श्रृंखलाबद्ध रुप मे बढ रहल घटना के घोर भत्र्सना करत शुक के दिने ओपीडी सेवा बन्द कईल जनवले बाडन ।
चिकित्सक उपर पिटपाट आ अस्पतालसब मे कईल तोडफोड के घटनासब मे पुलीस प्रशासन मुकदर्शक बनल तथा सरकार आ चिकित्सक संघबीच बेर बेर भईल वार्ता आ सहमति के बावजुद भी चिकित्सक आ स्वास्थ्यकर्मी लगायत स्वास्थ्य संस्था के सुरक्षा करे खातिर नेपाल सरकार के सुरक्षा निकायसब प्रभावकारी भूमिका निर्वाह करे ना सकल संघ जनवले बा ।
सरकार नागरिक के जीवन रक्षा के खातिर दिनरात खटेवाला चिकित्सक आ स्वास्थ्यकर्मीलोग के सुरक्षा प्रदान करे ना सकल विरोध मे वीरगंज मे शुक के दिने ओपीडी सेवा बन्द कईल संघ जनवले बा । एकरा से पहिले बुध आ बियफे के दिने वीरगंज के चिकित्सक गृहमन्त्री नारायणकाजी श्रेष्ठ आ स्वास्थ्यमन्त्री मोहन बस्नेत के राजीनामा मागत विरोध जुलुश निकालके प्रदर्शन कईले रहलन ।





