महंगी विरुद्ध वीरगंज मे जनमत पार्टी के बिरोध प्रदर्शन

वीरगंज १४ कुवार
इन्धन लगायत दैनिक उपभोग्य वस्तु मे हरेक दिन हो रहल मूल्य वृद्धि विरुद्ध वीरगंज मे जनमत पार्टी प्रदर्शन कईले बा । जनमत पार्टी के युवा, विद्यार्थी आ जनानी नेता, कार्यकर्ता घण्टाघर चोक मे नाराबाजी सहित विरोध प्रदर्शन कईले बाडन ।
प्रदर्शन मे सहभागी जनमत के नेता कार्यकर्ता मुल्यवृद्धि बन्द कर, जनता के डाढ सेके ना मिली, नेपाल सरकार खबरदार लगायत के नारा लगवले रहलन ।
प्रदर्शन के बाद घणटघर चोक मे आयोजना कईल कोणसभा मे बोलत जनमत पार्टी पर्सा के संयोजक ओमप्रकाश सर्राफ प्रचण्ड नेतृत्व के सरकार जनतामारा साबित हो रहल बतवनी । आम सर्वसाधारण जनता आ मजदुर के काम ना मिलला से आम्दानी घटत गईल आ युवालोग के रोजगारी छिनात गईल समय सरकार दैनिक उपभोग्य वस्तु मे हरेक दिन मुल्यवृद्धि करके जनतामारा काम कर रहल उनकर कहनाम बा ।
मूल्यवृद्धि तत्काल ना रुकला पर जनता के साथ लेके जनमत पार्टी सडक आन्दोलन मे उतरेके चेतावनी भी उ देहनी ।





