ई पालि के एसईई चईत के पहिलका हप्ता से होखी

काठमाण्डु १५ कुवार

राष्ट्रिय परीक्षा बोर्ड, परीक्षा नियन्त्रण कार्यालय (किलास–१०) शैक्षिक सत्र २०८० के एसईई चईत पहिलका हप्ता से करेके निर्णय कईले बा । कार्यालय वार्षिक कार्यातालिका सार्वजनिक करत किलास १० के माध्यामिक शिक्षा परीक्षा चईत पहिलका हप्ता से वार्षिक परीक्षा सञ्चालन करेके आ २०८१ असाढ दुसरका हप्ता नतिजा सार्वजनिक करेके जनवले बा ।

कार्यालय से प्रकाशन कईल कार्यतालिका मुताविक माघ पहिलका हप्ता परीक्षा के समय तालिका प्रकाशन करेके, कातिक मसान्त तक किलास ९ के रजिष्ट्रेशन आ किलास १० के परीक्षा आवेदन फाराम छपाके आ वितरण करेके, अगहन मसान्त तक किलास ९ के रजिष्ट्रेसन आ किलास १० के परीक्षा आवेदन फाराम भरावेके, कातिक मसान्त तक २०७९ के रजिष्ट्रेसन फाराम इन्ट्री होखी ।

एहितरे पुस मसान्त तक २०८० साल के किलास १० के आवेदन फाराम इन्ट्री, २०८० साल के किलास ९ के रजिष्ट्रेसन फाराम इन्ट्री २०८१ के असाढ मसान्त तक, परीक्षा निर्धारण २०८० के माघ पहिलका हप्ता, सिम्बोल नम्बर कायम करेके माघ पहिलका हप्ता, परीक्षा केन्द्र इन्ट्री आ रुजु माघ मसान्त तक, २०८० साल के आन्तरिक÷प्रयोगात्मक अंक फागुन मसान्त तक पठावेके तालिका बनवले बा । पुरक परीक्षा २०८१ के सावन तिसरका हप्ता मे सञ्चालन होखेके जनवले बा । कार्यातालिका मुताविक ई बरीस विद्यार्थी के उत्तरपुस्तिका परीक्षण तथा सम्परीक्षण २०८१ वैशाख÷जेठ मे प्रदेश परीक्षण केन्द्र करी । माकिर, संसद मे पेश भईल ‘विद्यालय शिक्षा सम्बन्धी कानून के संशोधन आ एकीकरण करे खातिर बनल विधेयक’ मे एसईई ना होखेके व्यवस्था कईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।