यामुनामाई गाँवपालिका के ७ वाँ गाँव सभा पुरा

मेवालाल यादव
रौतहत १७ कुवार
रौतहत जिल्ला के यमुनामाई गाँवपालिका के ७ वाँ गाँवसभा के अधिवेशन बुध के दिने पुरा भईल बा ।
निर्वाचित जनप्रतिनिधि के असन्तुष्टि के चलते असाढ १० गते मे आर्थिक बरीस २०८०÷०८१ के निति कार्जक्रम लियावे ना सकल गाँवपालिका कुछ जनप्रतिनिधि के असन्तुष्टि के बिच गाँवसभा पुरा कईले बा । गाँवसभा ना भईला के चलते कर्मचारीलोग के तलब रुकला से पर्व के समय नजदिक अईला से बहुमत के आधार मे गाँव सभा पुरा भईल बा ।
गाँवपालिका अध्यक्ष मोहमद साउद गाँव सभा मे आर्थिक बरीस २०८०÷०८१ के निति तथा कार्जक्रम प्रस्तुत कईले बानी । गाँव सभा सदस्य तथा कार्यपालिका सदस्यलोग के उपस्थति मे भईल अधिबेसन मे गाँवपालिका अध्यक्ष से प्रस्तुत कईल निति तथा कार्जक्रम मे शिक्षा, स्वास्थ्य, कृषि क्षेत्र के बिकास मे जोड़ देहल गईल बा ।
प्रस्तुत कईल निति कार्जक्रम मे १५ शैया प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र के खातिर जमिन खरीद तथा व्यवस्थापन करेके उल्लेख कईल बा । सामुदायिक विद्यालय मे अंग्रेजी माध्यम के शिक्षा संञ्चालन करेके बात मे जोड देहल गईल बा । माध्यमिक शिक्षा मे उत्कृष्ट होखेवाला पाँच–पाँच जने विद्यार्थी के पुरस्कृत करेके, बेरोजगारी समस्या समाधान करे खातिर एक घर एक रोजगार के निति अवलम्बन करेके लक्ष्य लेहल गईल बा । पूर्वाधार विकास ओरी सड़क विस्तार, चौडाकरण अभियान, नाला निर्माण, विधुतीकरण काम के प्राथमिकता मे रखल बा ।
सभा मे उपाध्यक्ष अनुराधा कुमारी, प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत सुबोध कुमार महतो, लेखापाल श्रीनारायण झा, स्टोर किपर सुरेन्द्र यादव, ई नितेश कुमार सिंह, वार्ड अध्यक्ष नन्दलाल यादव, सीताराम यादव, शेख सगिर लगायत के सहभागीता रहल रहे । गाँव सभा बन्द कोठरी मे पुलीस के बल मे कईल कहत वार्ड अध्यक्ष अश्विनी यादव सहित कुछ कार्यपालिका सदस्यलोग बिरोध जनवले बाडन ।






