माधवनारायण नगरपालिका के वार्षिक बजेट ५३ करोड ३० लाख ४४ हजार

मेवालाल यादव

रौतहट, १९ कुवार

रौतहट जिल्ला के माधव नारायण नगरपालिका अनेकन बाधा अर्चन के हटावत आठ वाँ नगर सभा अधिवेशन से शुक के दिने वार्षिक बजेट प्रस्तुतिकरण भव्य रुपमे पुरा भईल बा ।

राजनितिक दल के निर्वाचित जनप्रतिनिधिलोग के असन्तुष्टि के चलते नेपाल सरकार के नियम मुताविक असाढ १० गते मे आर्थिक बरीस २०८०÷०८१ के निति कार्जक्रम लियावे ना सकल नगरपालिका कुछ जनप्रतिनिधि के असन्तुष्टि के चलते आजु बहुमत के साथ नगर सभा पुरा भईल बा ।

कार्जक्रम मे आर्थिक बरीस २०८०÷०८१ के चौतर्फी विकास के खातिर करिब ५३ करोड ३० लाख ४४ हजार बराबर के निति तथा कार्जक्रम प्रस्तुत भईल बा । नगरपालिका के नगर प्रमुख बैधनाथ राय यादव से प्रस्तुत कईल निति तथा कार्जक्रम मे शिक्षा, स्वास्थ्य, कृषि क्षेत्र के बिकास मे विशेष जोड देहले बाडन । १५ शैया प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र के खातिर जमिन खरीद तथा व्यवस्थापन करेके उल्लेख कईल बा ।

बेरोजगारी समस्या समाधान करे खातिर एक घर एक रोजगार के निति अवलम्बन करेके लक्ष्य लेहल गईल बा । माधवनारायण नगरपालिका के सुन्दर, आकर्षक बनावेके साथे पूर्वाधार विकास ओरी सड़क विस्तार, चौडाकरण अभियान संञ्चालन, नाला निर्माण, विधुतीकरण काम के प्राथमिकता मे राखल प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत देवनाथ यादव बतवनी । कार्जक्रम मे नगर उपप्रमुख, लेखापाल रामबलम यादव, नगरपालिका के कर्मचारी, वार्ड अध्यक्ष, सदस्य लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।