सहकारी ठगी प्रकरण मे रवि सहित १४ जने विरुद्ध एके बेर पक्राउ पुर्जी, पकडे खातिर सीआईबी के टोली खटल

काठमाण्डु २ कातिक,
सहकारी ठगी प्रकरण मे राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी के सभापति तथा पूर्वगृहमन्त्री रवि लामिछाने सहित १४ जने विरुद्ध एके बेर पक्राउ पुर्जी जारी भईल बा ।
कास्की जिल्ला अदालत शुक के दिने लामिछाने सहित एके बेर १४ जने विरुद्ध पक्राउ पुर्जी जारी कईले बा । जउना मे लामिछाने के साथे विशाल तामाङ, नवीन अछामी, रविना रिमाल, असरफ अली सिद्दिकी, दीपक लामा, अनन्त बाबु राई, रामबहादुर खनाल बाडन ।
एहितरे देवेन्द्रबाबु राई, विज्ञान राई, ओमप्रकाश गुरुङ, वीरबहादुर रानाभाट, दीपा न्यौपाने, कल्पना कुमारी श्रेष्ठ विरुद्ध शुक के दिने पक्राउ पुर्जी जारी भईल बा । उलोग विरुद्ध मुलुकी फौजदारी अपराध संहिता के दफा ९ (३) बमोजि पक्राउ पुर्जी जारी भईल बा ।
एकरा से पहिले सूर्य थापा नेतृत्व के संसदीय छानबिन समिति लामिछाने के साथे छविलाल जोशी, जीबी राई के कारबाही करे खातिर सिफारिस कईले रहे । उलोग सहकारी के रोपेया गोर्खा मिडिया मे लियाके हिनामिना कईल आरोप बा ।
पक्राउ पुर्जी जारी भईला के बाद लामिछाने के पकडे खातिर केन्द्रीय अनुसन्धान ब्यूरो (सीआईबी) के टोली परिचालित भईल बा ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय, कास्की सहकारी ठगी आरोप मे अदालत से पक्राउ करे खातिर अनुमति देहला के बाद उनका के पकडके बुझा देवेके कहत सीआईबी के पत्र पठवले बा । एकरा सँगे सीआईबी से एक जने प्रहरी उपरीक्षक (एसपी) नेतृत्व के टोली रास्वपा के पार्टी कार्यालय मे पुगल जनावल गईल बा ।
सीआईबी टोली पुगेसे पहिले रास्वपा कार्यालय बाहर पुलीस के बहुते उपस्थिति बा । सूचना संकलन के खातिर उपत्यका अपराध अनुसन्धान कार्यालय के टोली भी खटल बा ।
समर्थकलोग के भिड आ नारावाजीबीच उनका के पकडके लेजाएमे कउनो तनाव ना होखो कहके उद्देश्य से व्यापक प्रहरी परिचालन कईल प्रहरी अधिकृतलोग बतवले बाडन । स्रोत के मुताविक, लामिछाने के पकडके शुक के दिने हि कास्की पठावेके तईयारी बा ।