हिन्दू परिषद् नेपालद्धारा प्रसाद वितरण

वीरगंज ०२ कात्तिक
हिन्दू धर्मावलम्बीलोग के महान चाँड विजया दशमी के पावन अवसर मे हिन्दू परिषद् नेपाल प्रसाद वितरण कर रहल बा ।
वीरगंज माईस्थान स्थित गहवामाई मन्दिर के दखिन ओरी शिविर राखके विजया दशमी के घटस्थापना के दिन से प्रसाद वितरण कर रहल बा । दशहरा सुरु भईल से हि गहवामाई मान्दिर मे श्रद्धालु एवं भक्तजनलोग के भिड बढत गईल बा । परिषद् हरेक दिन सँझिया ६ः३० बजे से (खिर) प्रसाद वितरण करत आईल परिषद् के केन्द्रिय कार्यवाहक अध्यक्ष बिजय गुप्ता बतवनी ।
प्रसाद वितरण काम मे परिषद् के केन्द्रिय सचिव सुनिल गुप्ता, कोषाध्यक्ष संजय सर्राफ, केन्द्रिय सदस्यलोग लालबाबु पटेल, अमोद केवट, चितरन्जन श्रीवास्तव, सचितानन्द दुबे, पर्सा जिल्ला सचिव अशुं कुमार, वीरगंज महानगर अध्यक्ष श्याम बाबु साह लगायत के समुह सहजोग करत आईल परिषद् जनवले बा ।






