बिद्यालय ब्यवस्थापन समिति गठन बारे संवाद कार्जक्रम पुरा

वीरगंज ०३ कात्तिक

राजनीतिकरण के चलते ओझेल मे परल बिद्यालय ब्यवस्थापन समिति बारे संवाद कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

बिद्यालय ब्यवस्थापन समिति के साथे बिद्यालय मे अध्यन करेवाला बिद्यार्थीलोग मे भी राजनीतिकरण के चलते थपाईल चुनौती बिषय मे बियफे के दिने संवाद कार्जक्रम पुरा भईल बा । कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर १६ स्थित श्री नेपाल निम्न माध्यमिक बिद्यालय मे भईल कार्जक्रम मे राजनीतिकरण के चलते बितल ३ साल से ब्यवस्थापन समिति गठन करे ना सकल वक्तालोग बतवले बाडन ।

राजनीति मे आवद्ध राजनीतिकर्मीलोग आपन आपन लगेके आदमी के ब्यवस्थापन समिति के अध्यक्ष बनावेके दाव मे लागला के चलते अभी तक ब्यवस्थापन समिति के बईठक होखे ना सकल वक्तालोग बतवले बाडन ।

समाजिक परिवर्तन केन्द्र बारा से आयोजना कईल कार्जक्रम मे स्थानीय युवा, बुढ, अनेकन संघ संगठन के पदाधिकारीलोग के साथे अनेकन राजनीति दल मे आवद्ध राजनीतिकर्मी, पत्रकार लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।