वीरगंज मे एके दिन चार मोटरसाइकल चोरी करेवाला पकडईलें

वीरगंज ०३ कात्तिक

वीरगंज मे एके दिन चार गो मोटरसाइकल चोरी करेवाला एक युवक पकडाईल बाडन । वीरगंज के अनेकन जगहा से चार गो मोटरसाइकल चोरी कईल आरोप मे पुलीस रौतहट के कटहरिया नगरपालिका वार्ड नम्बर ८ घर भईल अभी वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १६ रहेवाला ३२ बरीस के अजय गोसाईं के पकडले बा ।

गोसाईं एक दिन मे चार गो मोटरसाइकल चोरी कईल वार्ड प्रहरी कार्यालय विर्ता के प्रहरी निरीक्षक पुष्कर बोगटी जानकारी देहनी ।

वीरगंज के दशहरा मे लागल रात्री बजार घुमे आईललोग के मोटरसाइकल गोसाईं के समूह चोरी कईल बोगटी बतवनी । उनका मुताविक गोसाईं के समूह उ मोटरसाइकल चोरी करके नारायणी अस्पताल के पार्किङ मे लुकाके रखले रहे । ‘गोसाईं के समूह एगो मोटरसाइकल चोरी करेवाला, ओकरा के लेजाके नारायणी अस्पताल के पार्किङ मे लुकावेके आ फेनु आके दोसर चोरी करत रहलन,’ बोगटी कहनी ।

पुलीस चोरी भईल प्रदेश –०२–०२३–०२२ प ९२७२, ना. २६ प ५८५३, ना ६४ ३८०६ आ ना. ५४ प ४७२४ मोटरसाइकल भी बरामद कईले बा ।

गोसाईं के नियन्त्रण मे लेके अनुसन्धान अगाडि बढा रहल आ उनकर समूह के आउर सदस्यलोग के खोजी काम हो रहल बोगटी बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।