वीरगंज मे नक्कली रोपेया सहित २ जने पकडईलें
वीरगंज मे नक्कली रोपेया सहित २ जने पकडईलें

वीरगंज ०१ अगहन
नक्कली रोपेया सहित पर्सा पुलीस वीरगंज से दु जने के पकडले बा ।
पकडाएवाला मे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. ३१ के ऋषिलाल पटेल आ बारा के कलैया उपमहागरपालिका ३ के उमेश कुमार रहल बाडन ।
वीरगंज के सिटी मार्केट मे कपडा खरिद करके नक्कली रोपेयासब देहल सूचना मिलला के बाद खटल पुलीस टोली उलोग के पकडल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता तथा सूचना अधिकारी, प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमारविक्रम थापा जानकारी देहनी ।
उलोग के साथ से १ हजार दर के ३८ थान नक्कली नोट मिलल पुलीस जनवले बा । उलोग के खोटा चलन सम्बन्धी कसुर मे आउर अनुसन्धान हो रहल थापा विज्ञप्ति मार्फत जानकारी देहले बानी ।






