राष्ट्रिय झण्डा चोरी कईल आरोप मे ११ जने विरुद्ध सार्वजनिक मुद्दा दर्ता
राष्ट्रिय झण्डा चोरी कईल आरोप मे ११ जने विरुद्ध सार्वजनिक मुद्दा दर्ता

वीरगंज ०२ अगहन
पर्सा जिल्ला के पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नम्बर ९ स्थित बडेर्बा पुल मे लगावल नेपाल के राष्ट्रिय झण्डा चोरी करेवाला ११ जने विरुद्ध पुलीस सार्वजनिक मुद्दा दर्ता करके कारबाही प्रक्रिया अगाडि बढवले बा ।
ईलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वा सुगौली आ प्रहरी चौकी मनवा से खटल पुलीस टोली स्थानीयबासी के सहजोग मे बितल बुध के रात ११ जने के रंगेहात पकडल गईल रहे ।
पकडाएवाला मे पर्सागढी नगरपालिका–१ मनवा टोल के अङ्कित पटवारी, सुलभ श्रेष्ठ, विश्वास चौधरी, निर्मल चौधरी, कृष्ण प्रसाद पोख्रेल, बिराज ठाकुर, दिपु ओझैया, सागर चौधरी, एहितरे सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका– १ सखुवनिय टोल के गौतम महतो, नन्दन दास थारु आ लक्की चौधरी रहल ईलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वा सुगौली के प्रहरी निरीक्षक रामराजा केशरी जानकारी देहनी । पकडाईल ११ जने के पर्सा जिल्ला अदालत मे उपस्थित कराके अनुसन्धान के खातिर १० दिन म्याद थप करके हिरासत मे राखल केशरी जानकारी देहनी । पकडल गईल सभी के ईलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वा सुगौली मे राखल बा ।
बडर्वा पुल के सौन्दर्यकरण के खातिर स्थानीयबासी पुल मे लगावल ५० से बेसी झण्डा बुध के रात उच्छृंखल युवालोग के एक समुह चोरी कईले रहे । पुल के झण्डा चोरी भईला के बाद स्थानीय पुलीस मे खबर कईला के बाद पुलीस झण्डा चोरी करेवाला ११ जने के पकडले रहे ।






