६ कठ्ठा मे रोपल गाँजा पुलीस नष्ट कईलख

६ कठ्ठा मे रोपल गाँजा पुलीस नष्ट कईलख

वीरगंज १४ अगहन

पर्सा पुलीस ६ कठ्ठा एक धुर खेत मे रोपल गईल गाँजा के पौधा नष्ट कईले बा ।

पर्सा के ठोरी गाँवपालिका के वार्ड नम्बर ४ आ जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नं. १ मे अवैध रूप से रोपल गाँजा के पौधा पुलीस नष्ट कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक एवं प्रवक्ता कुमार विक्रम थापा बतवनी ।

बियफे के दिने ईलाका प्रहरी कार्यालय ठोरी, सेढवा आ प्रहरी चौकी महादेवपट्टी से संयुक्त रुपमे खटल टोली करिब ५ हजार २५० गाँजा के पौधा नष्ट कईल प्रवक्ता थापा बतवनी ।

गाँजा खेती मे संलग्न आदमीसब के पहिचान तथा खोजतलास करके कानुन बमोजिम कारबाही करेके पर्सा पुलीस जनवले बा । एहितरे पर्सा पुलीस बुध के दिने १० कठ्ठा खेत मे रोपल गाँजा नष्ट कईले बा । पर्सा के ठोरी गाँवपालिका के वार्ड नम्बर ३ आ ४ मे अवैध रूप से रोपल गाँजा के पौधा पुलीस नष्ट कईले रहे ।

प्रहरी निरीक्षक सन्तोष राई के कमान्ड मे खटल टोली करिब ८ हजार गाँजा के पौधा नष्ट कईल पर्सा पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।