बारा मे रहल नेपोभिट टायल उद्योग मे आगलागी, करोडो के नोक्सानी

बारा मे रहल नेपोभिट टायल उद्योग मे आगलागी, करोडो के नोक्सानी

सिमरा १७ अगहन

नेपाभिट ब्राण्ड के टायल उत्पादन करत आईल जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नं. ८ स्थित नेपाल सेरामिक इण्डष्ट्रिज मे एतवार के दिने आगलागी भईल बा ।

आगलागी से करोडो मूल्य बराबर के क्षति भईल बा । उद्योग से उत्पादन भईल टायल भण्डारण करेवाला क्षेत्र मे दिनके करिब साढे ३ बजे से आगी लागल बा । उ क्षेत्र से सुनुगल आगी उद्योग के आउर जगहा मे फईलल रहे । समाचार तईयार करे तक उद्योग के आगी नियन्त्रण मे अईला पर भी पूर्ण रूप मे आगी बुते नईखे सकल । आगी जीतपुरसिमरा, कलैया उपमहानगरपालिका, वीरगंज महानगरपालिका, वीरगंज स्थित नेपाल प्रहरी के दमकल के सहजोग मे नियन्त्रण मे लियावल गईल रहे ।

दमकल सँगे आगी बुतावे खातिर नेपाल पुलीस, सशस्त्र पुलीस, स्थानीय आ उद्योग के मजदुर खटल रहलन । आगलागी से करोडो मूल्य बराबर के क्षति भईल उद्योग के संचालक शम्भुनाथ झाका सहजोगी जानकारी देहले बाडन ।

आगलागी से भईल क्षति के विवरण पुष्टि होखेके बाँकी रहला पर भी कराडो मूल्य परेवाला मेसिन, उत्पादन करके राखल टायल आ उद्योग के संरचना मे नोक्सानी पुगल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।