दु महिना से बन्द नारायणी अस्पताल शुक से सुचारु होखी

वीरगंज १६ असाढ,

कोभिड संक्रमण आ निषेधा के चलते वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे दु महिना से बन्द रहल जनरल उपचार सेवा (बहिरङग, शल्यक्रिया लगायत) ईलाज सेवा शुक से फेनु सुचारु होखेवाला बा ।

नारायणी अस्पताल प्रशासन आजु एगो सूचना प्रकाशित करके अस्पताल मे बहिरङग (ओपीडी) लगायत के ईलाज सेवा असाढ १८ गते शुक से सुचारु करके जानकारी करवले बा । कोरोना संक्रमण दर उच्च भईला के बाद पर्सा मे वैशाख १६ गते से स्थानीय प्रशासन निषेधाज्ञा लगवले रहे ।

उहे दिन से नारायणी अस्पताल मे कोभिड संक्रमित के ईलाज आ आकस्मिक उपचार बाहेक ओपडी लगायत के आउर सभी सेवा बन्द कईल रहे ।

माकिर अभी अस्पताल मे कोरोना संक्रमित के संख्या घटत गईला से स्वास्थ्य सुरक्षा के मापदण्ड आ भौतिक दुरी अपनाके असाढ १८ गते से ओपीडी लगायत के सेवा सुचारु करे लागल अस्पताल के निमित्त मेसु डाक्टर वीरेन्द्र प्रधान जानकारी देहनी ।

संक्रमण के जोखिम अभी भी कायम रहला के चलते असाढ १८ गते से ओपीडी सेवा ओरी हरेक विभाग मे दैनिक २०÷२० जने मात्र मरेजी के चेकजाच आ ईलाज करेके बतवनी ।

दोसर निर्णय ना होखे तक के खातिर ओपीडी सेवा सबेरे ९ बजे से सबेरे ११ बजे तक मात्र संचालन करेके जानकारी भी उ देहनी । वीरगंज मे दुसरका लहर के संक्रमण बढत गईला के बाद नारायणी अस्पताल मे आकस्मिक बाहेक आउर बेमारी के ईलाज सेवा बन्द करके कोरोना संक्रमित के ईलाज के खातिर १४५ शैया के व्यवस्थापन कईल रहे ।

नारायणी अस्पताल मे बुध के दिने ७ जने मात्र संक्रमित भर्ना बाडन । बाँकी १३८ शैया खाली रहल अस्पताल के कोभिड कोर्डिनेटर डाक्टर उदयनारायण सिंह जानकारी देहनी । उ कहनी, “अभी ५ जने एचडियु मे आ २ जने आइसियु मे बाडन, भेन्टिलेटर पुरे खाली बा ।”

डाक्टर सिंह के मुताविक, दुसरका लहर मे नारायणी अस्पताल मे बुध तक ईलाज के खातिर ७ सय ५४ संक्रमित भर्ना भईला मे उ मेसे ५७३ जने ईलाज के बाद ठिक होके घर गईल बाडन ।
एहितरे अस्पताल मे ईलाज के समय मे १८१ जने संक्रमित के मृत्यु भईल जानकारी डाक्टर सिंह देहनी ।

अभी अस्पताल मे ७ जने मात्र संक्रमित ईलाज करा रहल उ बतवनी । डाक्टर सिंह शुक से अप्रेशन, मेडिकल, सर्जिकल लगायत के सेवा भी क्रमीक रुप मे सुचारु करेके जानकारी देहनी ।

आकस्मिक ईलाज, डाइलोसिस, प्रसूति आ आकस्मिक शल्यक्रिया सेवा कभो भी ना रुकल कहत उ, “अब शुक से अस्पताल के सभी सेवा क्रमीक रुप मे सुचारु होखी ।”

नारायणी अस्पताल मे पर्सा, बारा, रौतहट, सर्लाही, महोत्तरी आ मकवानपुर के करके ५ जिल्ला के मरेजी ईलाज करावे खातिर आवेलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।