कटवासीमाई पञ्च बर्षीय पुजा एवम मेला भब्य एवं सभ्य रुपमे लागी : मेयर यादव

कटवासीमाई पञ्च बर्षीय पुजा एवम मेला भब्य एवं सभ्य रुपमे लागी : मेयर यादव

प्रभु यादव

बारा १७ अगहन

कटवासीमाई पञ्च वर्षीय पुजा एवम मेला मुल समिति कार्यालय के उदघाटन तथा मेला के भब्य एवं सभ्य बनावे खातिर सोमार के सबेरे ८ बजे बतकही कार्जक्रम करेके महागढीमाई नगरपालिका के नगरप्रमुख उपेन्द्र यादव बतवले बानी ।

महागढीमाई नगरपालिका वार्ड नं ७ अवस्थित तेलगाई मे कटवासीमाई पञ्च वर्षीय पुजा एवम मेला मुल समिति कार्यालय के उदघाटन कार्जक्रम मे गाँवबासी, नगरबासी, जिल्ला बासी, प्रमुख जिल्ला अधिकारी, प्रहरी उपरीक्षक, सरकारी कार्यालय तथा निजि कार्यालय के प्रमुख लोग से बतकही करके कटवासीमाई पुजा एवम मेला के भब्य सभ्य बनावे के मेयर यादव बतवले बानी ।

तराई मधेस जिल्ला के अनेकन शक्तिपीठ मेसे कटवासीमाई भी एक शक्ति पीठ ह, कटवासीमाई के पूजा एवम मेला मे पन्द्र लाख से बेसी भक्तजन आवेलन । कटबासीमाई मेला मे आवेवाला भक्तजन के गाँवबासी, नगरबासी आ जिल्लाबासी से आपन आपन जगहा से भक्तजन के संरक्षण मे सहजोग करे खातिर मेयर यादव निहोरा कईले बानी ।

कटवासीमाई मेला बितला के बाद कटवासीमाई मंन्दिर के भब्य निर्माण करेके आ ई क्षेत्र मे भी विश्व प्रसिद्ध गढीमाई जईसन पर्यटन आ भक्तजन लियावे खातिर योजना बनावेके नगरप्रमुख यादव प्रतिबद्धता जनवले बानी । कटवासीमाई पञ्च बर्षीय मेला समिति मे रहेवाला पदाधिकारीलोग के इमनदारी पूर्बक काम करे खातिर प्रतिबद्धता जनवईले रहनी । जेतना प्रचार प्रसार होई ओतना हि ई क्षेत्र के अधिक बिकास होखी । बिश्व प्रसिद्ध गढीमाई जईसन कटवासीमाई के पुजा मे पांच बरीस मे पांच किसिम के बली देवेके चलन रहल बा ।

पाडा, बोका, कुखुरा, सुवर, परेवा देहल जाला माकिर बोका के उल्टाके बली देवेके चलन रहल महागढीमाई नगरपालिका वार्ड नं ७ के अध्यक्ष एवम कटवासीमाई मेला मुलसमिती अध्यक्ष शिवबेन्द्र प्रताप सिंह बतवनी । मेला मे मनोरञ्जन के खातिर अनेकन किसिम के झुलुवा, खेल तमासा, लगायत आवेला ।

मेला मे मनोरञ्जन के ठेक्का तीन लाख ८० हजार आ जमिन विक्रि ९ लाख २५ हजार मे लागल बा । मेला अगहन २७ गते से ५ गते तक लागेला । अगहन २७ गते कलश यात्रा आ बली पुष ३ गते होखेके मुलसमिती के अध्यक्ष प्रताप सिंह जनकारी करवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।