पुवरा भितर लुका के राखल सखुवा के लकडी के गुलीया पकडाईल
पुवरा भितर लुका के राखल सखुवा के लकडी के गुलीया पकडाईल

वीरगंज २० अगहन
पर्सा पुलीस पुवरा भितर लुकाके राखल अवस्था मे ७ थान सखुवा के गोलिया बरामद कईले बा ।
विशेष सूचना के आधार मे इलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वासुगौली आ अस्थाई प्रहरी पोस्ट मनवा के टोली मंगर के दिने सँझिया करिब साढे ५ बजे के समय मे कोइलाभार टोल मे पुवरा भितर राखल सखुवा के गोलिया बरामद कईल प्रहरी निरीक्षक रामराज केशरी बतवनी ।
पुलीस के मुताविक ४० इन्च मोटाइ आ ७ फिट लम्बाइ के एक थान, ३५ इन्च मोटाइ आ ४ फिट लम्बाई के २ थान, ३० इन्च मोटाइ आ ४ फिट लम्बाइ के ४ थान गुलीया बरामद भईल बा । बरामद कईल सखुवा के गोलिया सब डिभिजन वन कार्यालय सखुवनिया के जिम्मा लगावल गईल इलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वासुगौली के प्रहरी निरीक्षक रामराज केशरी बतवनी ।






