वीरगंज महानगर के मेयर आ उपमेयर समर्थक बीच कार्यालय मे मारामारी
वीरगंज महानगर के मेयर आ उपमेयर समर्थक बीच कार्यालय मे मारामारी

वीरगंज २६ अगहन
वीरगंज महानगरपालिका मे मंगर के दिने मेयर आ उपमेयर के समर्थकबीच विवाद भईला पर मारामारी भईल बा । स्थिति नियन्त्रण मे लेवे खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय के प्रहरी नायव उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा नेतृत्व मे बहुते संख्या मे सुरक्षाकर्मी परिचालन कईल रहे ।
कार्यकारी अधिकृत के कार्यालय दोसर भवन मे गईला के बाद खाली भईल पुराना कार्यालय रहल कोठरी मे सामाजिक सुरक्षा तथा पञ्जीकरण शाखा लेजाएके विषय मे विवाद भईल रहे ।
महानगर परिसर के दक्षिण ओरी के भवन के नवनिर्मित तिसरका तल्ला मे कुछ दिन पहिले मेयर राजेशमान सिंह के कार्यालय गईल रहे । मेयर सिंह के कार्यालय गईला के बाद उनकर पुराना खाली भईल कार्यालय मे कार्यकारी अधिकृत के कार्यालय लेगईल रहे । एकरा से पहिले कार्यकारी अधिकृत के कार्यालय उपमेयर के कार्यालय से सटल रहे ।
कर्मचारी के मुताविक कार्यकारी अधिकृत के कार्यालय उहाँ से खाली भईला के बाद उ कोठरी मे सामाजिक सुरक्षा तथा पञ्जीकरण शाखा बनावेके योजना रहल रहे । अभी पञ्जीकरण शाखा छोट कोठरी मे सञ्चालित रहल बा ।
कर्मचारी स्रोत के मुताविक उपमेयर इम्तियाज आलम के सचिवालय कार्यकारी अधिकृत के कोठरी खाली भईला के बाद उ कोठरी हमनी प्रयोग करेम कहके बतवले रहलन ।
‘खाली कोठरी मे ताला हि लगावल गईल रहे,’ नाम उल्लेख ना करेके शर्त मे उ कर्मचारी कहनी, ‘मंगर के दिने ताला खोलके पञ्जीकरण शाखा बनावेके विषय मे विवाद भईल बा ।’
पञ्जीकरण शाखा के खातिर कोठरी देवेके ना मानला पर मेयर आ उपमेयर के समर्थकबीच घम्साघम्सी भईल रहे । विवाद बढत गईला के बाद मेयर आ उपमेयर के समर्थक महानगर मे उतरल रहलन । प्रहरी नायव उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा महानगर के स्थित सामान्य रहल बतवले बानी । बितल स्थानीय तह के निर्वाचन मे वीरगंज महानगरपालिका मे कांग्रेस आ जसपा गठबन्धन के मेयर आ उपमेयर के उम्मेदवार विजयी भईल रहलन ।
कर्मचारी के विरोध
कार्यालय के विषय मे बिवाद भईला पर अभद्र व्यवहार भईल कहत वीरगंज महानगरपालिका के कर्मचारीलोग आन्दोलित भईल बाडन । स्थानीय तह कर्मचारी संघ, वीरगंज महानगर इकाई समिति महानगर प्रमुख राजेशमान सिंह के ज्ञापनपत्र बुझावत बुध से कालापट्टी बान्हके विरोध जनावेके जानकारी देहले बाडन ।
समिति महानगर के अनेकन महाशाखा, शाखा मेसे स्वास्थ्य तथा सामाजिक विकास महाशाखा अन्तर्गत के सामाजिक सुरक्षा तथा पञ्जीकरण शाखा के व्यवस्थित करे लागला पर प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत उपर हि कार्यपालिका सदस्य भी रहल कन्हैया ठाकुर गालीगलौज करत अभद्र व्यवहार कईल कर्मचारी के आरोप बा । एहितरे पञ्जीकरण शाखा व्यवस्थित करावे लागल कर्मचारीलोग अमृता साह आ रनु दास के भी उपप्रमुख आलम के स्वकीय सचिव शेष हजरा अश्लील गालीगलौज करत अभद्र व्यवहार कईल उलोग के आरोप रहल बा ।




