वीरगंज महानगर विवाद : कर्मचारी उपर दुव्र्यवहार ना भईल उपमेयर सचिवालय के दाबी

वीरगंज महानगर विवाद : कर्मचारी उपर दुव्र्यवहार ना भईल उपमेयर सचिवालय के दाबी

वीरगंज २७ अगहन

वीरगंज महानगरपालिका कार्यालय मे कार्यकक्ष अलग करेके विषय मे मेयर आ उपमेयर के समर्थकबीच मंगर के दिने भईल विवाद मे कर्मचारी के गालीगलौज आ दुव्र्यवहार ना कईल उपमेयर इम्तियाज आलम के सचिवालय दाबी कईले बा ।

मंगर के विवाद मे उपमेयर के निजी सचिव कर्मचारी के दुव्र्यवहार कईल आरोप लगावत कर्मचारीलोग चरणबद्ध आन्दोलन के घोषणा कईले बाडन । स्थानीय तह कर्मचारी संघ मंगर के सँझिया मेयर राजेशमान सिंह के ज्ञापनपत्र बुझवले रहलन । बुध के दिने कार्यालय समय मे कर्मचारीलोग हाथ मे करिया पट्टी बान्हके काम कईले रहलन ।

उपप्रमुख के सचिवालय बुध के दिने प्रेस विज्ञप्ति जारी करत सचिवालय के कर्मचारी केहु उपर अभद्र व्यवहार ना कईल जनवले बा । महानगर मे रहल कर्मचारी युनियन उपमेयर के सचिवालय के सदस्यलोग के बदनाम करावेके खोजल कहत विज्ञप्ती मार्फत भत्सर्ना भी कईल बा । प्रमुख प्रशासकीय अधिृकत नयाँ कार्यकक्ष मे गईला के बाद उनकर पुराना कार्यकक्ष के सामाजिक सुरक्षा तथा पञ्जीकरण शाखा बनावेके विषय मे विवाद भईला पर मंगर के दिने मेयर आ उपमेयर समर्थकबीच कुछ समय मारामारी भईल रहे ।

महानगर परिसर के दक्षिण ओरी के भवन के नवनिर्मित तिसरका तल्ला मे कुछ दिन अगाडि मेयर राजेशमान सिंह के कार्यालय गईल रहे । मेयर सिंह के कार्यालय गईला के बाद बितल शनिचर के दिने उनकर पुराना खाली भईल कार्यकक्ष मे कार्यकारी अधिकृत के कार्यालय लेगईल गईल रहे । एकरा से पहिले कार्यकारी अधिकृत के कार्यालय उपमेयर के कार्यालय से सटल रहे । उपमेयर इम्तियाज आलम एकलौटी निर्णय कईला से विरोध भईल बतवनी । उ कार्यकारी अधिृकत सेवाग्राही सजिलो पुगेवाला भुइँतल्ला मे रहेके जिकिर करेलन । ‘बिना सरसल्लाह कार्यकारी अधिकृत के कार्यकक्ष हटावल गईल बा,’ कहत उ, ‘दुसरका तल्ला मे बुढ, अपाङ लगायत के सेवाग्राही के पुगेमे समस्या होखी, सभी जने सजिलो पुगेवाला जगहा मे हाकिम के कोठरी होखेके पडिल ।’

मेयर के प्रभाव मे परके महानगर के कर्मचारीलोग विरुद्ध मे उतरल उपमेयर के आरोप बा । कर्मचारी के चढावबढाव करेवाला प्रवृत्ति बन्द होखेके पडल । मेयर राजेशमान सिंह सामान्य विषय मे विवाद भईल बतवनी । ‘वार्ता से समाधान होखी,’ कहत उ, ‘बियफे के दिने बोर्ड बईठक बा, उहें निकाश निकली ।’

छोट कोठरी मे सञ्चालन होत आईल सामाजिक सुरक्षा तथा पञ्जीकरण शाखा के कार्यकारी अधिृकत के पुराना कार्यकक्ष मे लेजाएके विषय मे विवाद भईल उ बतवनी । ‘सेवाग्राही सर्वसुलभ तरिका से सेवा मिलो कहके हमनी के मान्यता ह,’ कहत उ, ‘उपमेयर के निजी सचिव से दुव्र्यवहार भईल कहत कर्मचारी भी चरणवद्ध आन्दोलन मे उतरल बाडन ।’

मेयर आ उपमेयर के समर्थक बीच मंगर के दिने विवाद भईल से महानगरपालिका कार्यालय के काम कारबाही प्रभावित भईल सेवाग्राही के सिकाईत रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।