कटवासीमाई के मेला के उलक्ष्य मे पालिका के सभे कार्यालय मे छुटी
कटवासीमाई के मेला के उलक्ष्य मे पालिका के सभे कार्यालय मे छुटी

प्रभु यादव
बारा ०२ पुस
बारा के महागढीमाई नगरपालिका कटवासीमाई के मेला देखेला स्थानिय तह मे रहल सभे कार्यालय के पुस ३ गते छुटी देहले बा ।
कटवासीमाई के पञ्चवर्षिय मेला देखेला आ मेला मे आईल दर्शनार्थी सभे के सहयोग करेला सभे कार्यालय संघ संस्था आ शिक्षा संस्था सब के पालिका के बोर्ड के निर्णय से भईल निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत विजय कुशवाहा जनकारी करावले बानी ।
गढीमाई के पञ्चवर्षिय मेला से एक बरिस पहिले जेठ बहिन कटवासीमाई के मेला अगहन सुक्ल सप्तमि के दिन बलि चढेला स्थानीय मनोज यादव जनकारी करावले बानी ।
कटवासीमाई के बली के अलग महत्व रहल बा काहेकी उल्टा चढावन चढावल जाला यादव जनकारी करावले बानी । अगहन २७ गते जलजात्रा कर के सुरूवात भईल मेला पुस ५ गते तक लागि यादव जनकारी करावले बानी ।






