पर्सा मे बाघ के आक्रमण से एक के मृत्यु
पर्सा मे बाघ के आक्रमण से एक के मृत्यु

वीरगंज ०९ पुस
एतवार के सँझिया पैखाना करे गईल एक युवक सोमार के सबेरे मृत मिलल बाडन । पर्सा के पटेर्वासुगौली गाँवपालिका–२ थरुहटी गाँव से करिब दु सय मिटर उत्तर जंगल के खाली जमिन मे शौच करे गईल ३२ बरीस के मनोज राउत धागड मृत अवस्था मे मिलल इलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वासुगौली के प्रहरी निरीक्षक रामराजा केशरी बतवनी ।
रात घर ना फिर्ता भईला के बाद सोमार के सबेरे खोजे निकलल परिवारजन आ स्थानीय खुन आ मोबाइल देखला के बाद पुलीस आ वन के कर्मचारी के खबर कईले रहलन ।
धागड के मृत्यृ बाघ के आक्रमण से भईल पुलीस जनवले बा । प्रहरी निरीक्षक केशरी के मुताविक सँझिया पैखाना करे गईल जगहा से करिब तीन सय मिटर भितर लेजाके बाघ धागड के मरले बा ।
‘बाघ के गोड के छाप, मारल जगहा मे मृतक के मोबाइल, दाहिने गोड के घुडा से निचेके बाँकी भाग, गर्धन के छाला ना भईल मासु, छाला ना भईल खप्पर बरामद भईल बा,’ प्रहरी निरीक्षक केसरी कहनी, ‘मृतक के ब्रासलेट, कट्टु, सुर्ती के बट्टा आ ज्याकेट बरामद भईल बा । आक्रमण करके घटनास्थल से भितर जंगल ओरी लेगईल रास्ता भर खुन लागल मिलल बा ।’ घटनास्थल मे लास जाँच मुचुल्का बनईला के बाद पोस्टमार्टम के खातिर पठावल पुलीस जनवले बा ।





