
वीरगंज १० पुस
नेपाल प्रहरी के अवकाशप्राप्त प्रहरी वरिष्ठ उपरीक्षक (एसएसपी) अनुराग द्विवेदी जनमत पार्टी मे प्रवेश कईले बानी ।
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर २४ बहुअरी निवासी द्विवेदी मंगर के दिने जनमत पार्टी मे प्रवेश कईले बाडन । जनमत पार्टी के राष्ट्रिय अध्यक्ष डा. सिके राउत के हाथ से पार्टी के सदस्यता लेके द्विवेदी जनमत पार्टी मे प्रवेश कईल जनमत पार्टी के केन्द्रीय सदस्य सिपु तिवारी बतवनी ।
नेपाल प्रहरी के एसएसपी रहल द्विवेदी दु महिना पहिले नोकरी से अवकाश लेहले रहरलन । द्विवेदी संविधानसभा सदस्य तथा नेपाली कांग्रेस के नेता अजय द्विवेदी के नाता मे भतिजा परेलन ।






