महिला मानव अधिकार सम्बन्धि ५ दिने तालिम शुरु

बारा १० फागुन

“सखी : महिलाको साथी” के सहजीकरण तथा URGENT Action Fund के आर्थिक सहजोग मे संचालित परियोजना अन्र्तगत फेटा गाँवपालिका मे गठित जनानी मानव अधिकार संजाल के सदस्यलोग के खातिर ५ दिने तालिम बियफे से सुरु भईल बा ।

कलैया स्थित बरेवा दरबार होटल मे सुरु भईल तालिम के उदघाटन कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि जिल्ला समन्वय समिति बारा के सभापति नरेन्द्र साह तालिम मे सहभागी लोग के खातिर ई एगो बढिया अवसर रहल बतवनी । हमनी के पाला मे अईसन तालिम मे कमे जनानीलोग सहभागी होत रहली माकिर अपनेलोग भाग्यमानि बानी कहत तालिम से अधिकार आ कर्तव्य वीच के ज्ञान आ क्षमता विकास होखी कहके विश्वस्थ रहल बतवनी ।

संस्था के अध्यक्ष मधु कुशवाहा के सभाअध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय के प्रहरी निरिक्षक तथा तलिम के प्रमुख प्रशिक्षक सविना रिमाल महिला अधिकार, मानव अधिकार, मानव अधिकार के अवस्था, हम के हई तथा जनानी के अवस्था कईसन बा ? जनानी मानव अधिकार रक्षक के काम, कर्तव्य आ भुमिका के विषय मे चर्चा कईले रहनी ।

ई पहिलका बेर हमनी अईसन युवती, जनानीलोग के जम्मा करके मानवअधिकार के क्षेत्र मे बहुते अनुभवि काठमाण्डु के प्रशिक्षक बोलाके तालिम करावेके प्रयास कईल संस्था के अध्यक्ष कुशवाहा बतवनी ।

ई तालिम से ग्रामीण क्षेत्र के जनानीलोग के अधिकार के बारे मे ज्ञान लेके आपन जिवन मे सदुपयोग करेके विश्वास जनवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।