सरकार माफियालोग के चलखेल मे परल : प्रदीप यादव

सरकार माफियालोग के चलखेल मे परल : प्रदीप यादव

वीरगंज ११ पुस

जनता समाजवादी पार्टी (जसपा) के प्रमुख सचेतक प्रदीप यादव सरकार माफियालोग के चलखेल मे परल बतवले बाडन ।

सचेतक यादव शुक के दिने सामाजिक सञ्जाल मे आक्रोश जनावत त्रिभुवन अन्तर्राष्ट्रिय विमानस्थल के ग्राउन्ड ह्यान्ड्लिङ नेपाल वायुसेवा निगम से छिनके प्रतिस्पर्धा मे देवेके सरकार के निर्णय उपर विरोध जनवले बानी ।

सरकार नेपाल वायुसेवा निगम से त्रिभुवन अन्तर्राष्ट्रिय विमानस्थल के ग्राउन्ड ह्यान्ड्लिङ छिनके निगम के हि खतम करेके खोज रहल आरोप उनकर बा । ’बेर–बेर निगम के ग्राउन्ड ह्यान्ड्लिङ छिने खातिर काहे लागल बाडन ? माफियालोग के चलखेल मे सरकार काहे परेला ?,’ उ सवाल कईनी ।

वायुसेवा निगम देश के आर्थिकरूप मे समृद्धि बनावे खातिर हरेक बरीस अरबो विदेशी मुद्रा राज्य के खातिर सिञ्चित कईला के साथे आपन कमाइ के १५ प्रतिशत रोयल्टी नागरिक उड्डयन प्राधिकरण के आ १३ प्रतिशत भ्याट एंव आयकर समेत सरकार के बुझा रहला पर माफियालोग एकरा के ओरवावेके खोज रहल उनकर कहनाम बा ।

’निगम यात्रु आ पर्यटक लेके हरेक बरीस करिब २० अरब रोपेया बराबर के विदेशी मुद्रा के सञ्चिति बढाके देश आर्थिकरूप मे समृद्ध करेमे सहजोग पुगी । आपन कमाइ के १५ प्रतिशत रोयल्टी नेपाल नागरिक उड्डयन प्राधिकरण के आ १३ प्रतिशत भ्याट एवं आयकर समेत सरकार के बुझा रहल बा । सञ्चयकोष आ नागरिक लगानी कोष के कर्जा भी तिर रहल बा । दुर्गम क्षेत्र मे उडान भरेवाला जहाज भी थपत बा,’ उ कहनी ।

वायुसेवा निगम राष्ट्रिय तथा अन्तर्राष्ट्रिय नियम मुताविक उडान के साथे एयरपोर्ट के ग्राउण्ड ह्यान्ड्लिङ करत आईल इतिहास के स्मरण करावत यादव निगम के ग्राउन्ड ह्यान्ड्लिङ अन्तर्राष्ट्रिय आइएटीए आइएसएजीओ प्रमाणित रहल एकरा खातिर हरेक दु बरीस मे सेवा आ सुरक्षा गुणस्तरीयता परीक्षण भी होखेला कहके बतवनी । ’नेपाल मे ई सर्टिफिकेट मिलेवाला नेपाल वायुसेवा निगम मात्र ह, आउर नईखे,’ उ उल्लेख कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।