उद्योग के विद्युत लाईन काटला के बाद हजारो मजदुर सडक मे

उद्योग के विद्युत लाईन काटला के बाद हजारो मजदुर सडक मे

प्रभु यादव

बारा ११ पुस

नेपाल विद्युत प्राधिकरण डेडिकेटेड आ ट्रंकलाइन सेवाबापत के महसुल ना तिरल कहत उद्योग के बिजुली कटौती कईला के बाद बारा के सिमरा मे बुध के दिने हजारो मजदुर सडक मे उतरके प्रदर्शन कईले बाडन । उद्योग के विद्युत आपूर्ति काटला सँगे हमनीसब के रोजगारी ओराईल कहत मजदुरलोग प्रदर्शन कईले बाडन ।

रोजगारदाता आ सरकारबीच के द्वन्द्व से श्रमिक के रोजगारी के असर करे ना मिलेके कहत जगदम्बा स्टिल्स् प्रालि, हुलास स्टिल्स प्रालि, अशोक स्टिल्स् प्रालि आ त्रिवेणी स्पेनिङ मिल्स के मजदुरसब अनेकन नारा लिखल प्लेकार्ड सहित सडक मे उतरके प्रदर्शन कईले रहलन । विरोध प्रदर्शन सँगे उलोग सिमरास्थित इलाका प्रशासन कार्यालय आ नेपाल विद्युत प्राधिकरण सिमरा वितरण केन्द्र के ज्ञापनपत्र बुझवले बाडन ।

मजदुर के नेतृत्व करत पुगल अनेकन ट्रेड युनियन के नेता इलाका प्रशासन कार्यालय सिमरा के प्रमुख ध्रुव गिरी आ विद्युत प्राधिकरण सिमरा वितरण केन्द्र के प्रमुख रुमेश रुपाखेती के ज्ञापनपत्र बुझवले रहलन । ज्ञापनपत्र मे उलोग सरकार आ रोजगारदाताबीच के विवाद तत्काल समाधान करके हमनीसब के रोजगारी सुनिश्चितता करेके माग कईले बाडन ।

प्राधिकरण से विद्युत कटौती कईला पर उद्योग मे कार्यरत करिब ६ हजार मजदुर के रोजगारी छिनाएके अवस्था रहल ट्रेड युनियन के ज्ञापनपत्र मे उल्लेख बा । उलोग रोजगारदाता आ सरकारबीच के विवाद तत्काल समाधान ना भईला पर संघर्ष मे उतरेके चेतावनी भी देहले बाडन । प्राधिकरण पथलैया–वीरगंज व्यापारिक मार्ग मे परेवाला तीन बडका उद्योग के विद्युत आपूर्ति कटौति कईले बा । आउर उद्योग के लाइन काटेके तईयारी हो रहल बा । प्राधिकरण उद्योग के लाइन काटे लागला के बाद रोजगारी ओराएके खतरा देखल मजदुर विरोध मे उतरल बाडन ।

सिमरा वितरण केन्द्र जगदम्बा स्टिल्स् आ अशोक स्टिल्स के विद्युत कटौति कईले बा । ओने वीरगंज वितरण केन्द्र त्रिवेणी स्पेनिङ मिल्स के विद्युत लाइन कटले बा । डेडिकेटेड आ ट्रंकलाइन सेवा बापत जगदम्बा स्टिल्स चार सय १४ करोड आ अशोक स्टिल्स ७८ करोड बक्यौता तिरेके बाँकी रहल सिमरा वितरण केन्द्र के कहनाम बा ।

जगदम्बा आ अशोक स्टिल्स् सिमरा वितरण केन्द्रअन्तर्गत परेला । ई बाहेक सिमरा वितरण केन्द्र से हुलास स्टिल्स्, हामा आइरन आ सूर्य नेपाल प्रालि डेडिकेटेड आ ट्रंकलाइन सेवा लेहले रहलन । उ सेवापत हुलास स्टिल्स ४३ करोड, हामा ११ करोड ५० लाख आ सूर्य नेपाल के अढाई करोड बक्यौता तिरेके बाँकी रहल सिमरा वितरण केन्द्र के प्रमुख रुपाखेती जानकारी देहनी । पाँच गो उद्योग से पाँच अरब ५० करोड बक्यौता असुल करेके बाँकी जानकारी देत रुपाखेती केन्द्र से निर्देशन भईल मुताविक उद्योग के लाइन काटल बतवनी ।

’केन्द्र से मिलल निर्देशन मुताविक हमनी तत्काल के सेवा कटौति कईले बानी । अभी के हमनी के कहनाम भुक्तानी करेके पडि कहके हि ह,’ रुपाखेती कहनी, ’अब उपरला तह मे का निर्णय होखी । उहे मुताविक हमनी अगाडि बढेम ।’ एने जगदम्बा स्टिल्सअन्तर्गत आधिकारिक ट्रेड युनियन के सचिव दीपक कार्की रोजगारदाता आ सरकारबीच के विवाद के असर मजदुर के परेके ना चाहिं कहके बतवनी ।

’दु पक्ष के लेनदेन भा बाँकी बक्यौता विषय मजदुर के जानकारी होखेवाला विषय ना ह । माकिर उद्योग बन्द भईला पर ओकर असर मजदुर के परल बा,’ कार्की कहनी, ’हजारो मजदुर एके बेर रोजगारविहीन होखेके अवस्था सिर्जना ना करे खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करावेके चाहत बानी ।’ कार्की विद्युत आपूर्ति के समस्या तत्काल समाधान करे खातिर अपील कईले बाडन ।

करिब एक दशक पहिले बहुते लोडसेडिङ रहल समय उद्योग तथा कलकारखाना चलायमान बनावे खातिर प्राधिकरण न्यूनतम से करिब ६५ प्रतिशत बेसी दस्तुर लेके डेडिकेटेड आ ट्रंकलाइन सेवा उपलब्ध करवले रहे । उ निर्णय मुताविक २०७२ भादो मे सुरु भईल डेडिकेटेड आ ट्रंकलाइन सेवा २०७७ असाढ से हटल रहे ।

२०७५ साल वैशाख ३१ गते देश लोडसेडिङमुक्त भईल घोषणा भईला पर भी डेडिकेटेड आ ट्रंकलाइन सेवा २०७७ सावन से लागू होखेवाला किसिम से हटावल गईल रहे । डेडिकेटेड आ ट्रंकलाइन सेवा लेहल उद्योग प्रतिष्ठान पूर्ण शुल्क ना तिरल प्राधिकरण के कहनाम बा । प्राधिकरण उद्योग कलकारखाना के छुट बिल रकम बुझावे के भी पत्राचार कईला के बाद विवाद बढत गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।