पुर्व युवराज पारस के ५४ वाँ जन्मोत्सव वीरगंज मे मनावल गईल
पुर्व युवराज पारस के ५४ वाँ जन्मोत्सव वीरगंज मे मनावल गईल

वीरगंज १५ पुस
नेपाल राष्ट्रबाद संघ केन्द्रिय कार्यलय वीरगंज पर्सा पुर्व युवराज पारस वीर विक्रम शाहदेव के ५४ वाँ जन्मोत्सव एक कार्जक्रम के बिच वीरगंज मे मनावल गईल बा ।
वीरगंज स्थित घण्टाघर चोक मे पुर्व युवराज पारस के तस्वीर राखके उनकर गुनगान के बखान करत जन्म दिन के शुभकामना व्यक्त करत ५४ वाँ जन्मोत्सव मनवले बा ।
उ जन्मोत्सव कार्जक्रम मे नेपाल राष्ट्रबाद संघ के केन्द्रिय अध्यक्ष जनकलाल साह, पर्सा जिल्ला अध्यक्ष संगिता देवी साह, उपाध्यक्ष उमाशंकर प्रसाद, सचिव संतोष गुप्ता, हरेराम रौनियार, विष्णु कुमार, अब्दुल सतार अंसारी, दिपनारायण यादव, प्रेम सरार्फ, विरेन्द्र थापा, दिपेन्द्र रौनियार, पवन प्रसाद साह लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहलन ।






