जनकपुर से पठावल ५ सय किसिम के सनेश अयोध्या के देहल गईल
जनकपुर से पठावल ५ सय किसिम के सनेश अयोध्या के देहल गईल

जनकपुर २१ पुस
भारत के अयोध्या मे निर्मित राम मन्दिर के खातिर नेपाल से गईल करिब ५ सय किसिम के सनेश शनिचर के दिने हस्तान्तरण कईल बा । जनकपुर जानकी मन्दिर के उत्तराधिकारी महन्थ रामरोशन दास राम जन्मभूमि ट्रष्ट के महासचिव चम्पत राय के सनेश हस्तान्तरण कईले बाडन ।
जनकपुर के जानकी मन्दिर परिसर से बियफे के दिने लेगईल सनेश मे सोना चाँनी के गरगहना, फलफूल, पान–मखान, कपडा, मिठाइ के अनेक ब्यञ्जन, चाँनी के छिपा–बटुको, श्रृगार के सामान आ फर्निचर लगायत के समान बा । बाँस से बनावल गईल चंगेरा (बरतन) के लाल रंग से रंगके लाल आ पियर कपडा से सनेश तोपल रहे ।
सनेश हस्तान्तरण समारोह मे जनकपुर उपमहानगर प्रमुख मनोज साह एगो घर के खातिर जरुरी सभी सामान सनेश लेके आईल बतवनी । ‘हमनी के जनकपुर के बेटी सीता के ससुराल ह आयोध्या । उनकर नयाँ घर (राम मन्दिर) बनल बा, उ घर मे जरुरी सभी सामान अर्पण कईल गईल बा ।’
राम के ससुराल जनकपुर से आईल सनेश लेत ट्रष्ट के महासचिव राय खुशी व्यक्त कईनी । ‘माता सीता के नईहर से आईल सनेश अद्भूत बा । एकरा से हमनी के खुसी प्रदान कईले बा,’ उ कहनी । फूलमाला से सजावल दु गो ट्रक मे सनेश लेके जानकी मन्दिर के उत्तराधिकारी महन्थ दास सहित जनकपुर के करिब ५ सय से बेसी आदमी बियफे के दिने अयोध्या गईल रहलन । लम्हर विवाद के बाद आयोध्या मे बनल राम मन्दिर मे जनवरी २२ मे प्राणप्रतिष्ठा करेके कार्जक्रम बा ।
त्रेतायुग मे राम आ सीता के वियाह भईला पर एहितरे सयो किसिम के सनेश (भार) अयोध्या पठावल गईल कहनाम बा । ट्रक, बस आ जिप–कार मे सनेश लेके अयोध्या प्रस्थान कईल जनकपुरबासी के कहनी मधेश प्रदेश के मुख्यमन्त्री सरोजकुमार यादव, कांग्रेस के नेता बिमलेन्द्र निधि आ जानकी मन्दिर मे महन्थ रामतपेश्वर दास बिदाई कईले रहलन ।
मुख्यमन्त्री यादव हाथ मे सनेश लेके जनकपुर के अनेकन भाग के परिक्रमा करत उलोग के बिदाई कईले रहलन । ‘माता सीता के ससुराल मे नयाँ घर मिलल बा । हमनी नईहर पक्ष के खातिर ई सुखद खबर ह,’ मुख्यमन्त्री यादव कहनी, ‘उ नयाँ घर मे कउनो समान के कमी ना होखो कहके ससुराली जनकपुर से सनेश पठावल गईल बा ।’
अयोध्या के राम मन्दिर मे प्रतिमा बनावे खातिर एकरा से पहिले नेपाल के कालीगण्डकी से दु गो शिला पठावल गईल रहे । कालीगण्डकी से निकालल दु गो भिमकाय शिला कांग्रेस नेता निधि के नेतृत्व मे बितल माघ १९ गते आयोध्या पुगावल गईल रहे ।
सीता के नईहर जनकपुर से उनकर ससुराली अयोध्या पठावल गईल सनेश करिव ५ सय से बेसी किसिम के रहल जानकी मन्दिर के उत्तराधिकारी महन्थ रामरोशन दास बतवनी । उ सनेश मे जनकपुरवासी सभी के भावना समेटल बतवनी । ‘राम मन्दिर ट्रष्ट से प्राणप्रतिष्ठा मे सहभागी होखे खातिर आमन्त्रण कईले बा । जनकपुर राम के ससुराली ह । खाली हाथ जाएके त बाते ना भईल । ओहिसे एगो घर मे जरुरी लगभग सभी समान लेके अयोध्या पुगके हस्तान्तरण कईल गईल बा,’ कहत उ, ‘हमनी के रास्ताभर सर्वसाधारण से आउर सनेश प्राप्त भईल रहे । जगहा जगहा मे हमनी के हर्षउल्लासपूर्वक स्वागत कईल रहे ।’
सनेश के आकर्षण चाँनी से बनावल तीर–धनुष आ खराउ ह । सोना चाँनी के करिब दु दर्जन आभूषण सनेश मे बा । जनकपुर सोना चाँदी व्यवसायी संघ के पहल मे गरगहना जुटावल गईल रहे । अभूषण मे तिलहरी, पोते, अंगुठी, पायल, मंगलसुत्र, चाँनी के छिपा, गिलास, बटुको, मग, चम्चा, पुजा करेवाला बर्तन सनेश मे समेटल बा ।
एहितरे, फलफूल मे सेव, समतोला, केरा, नरिवल बा । मिथिला खाना के ब्यञ्जन भी सनेश मे लेगईल गईल बा । ठेकुवा, खजुरी, पेरुकिया, पान आ मखान सँगे अनेक किसिम के कपडा आ फर्निचर के सामान सनेश पठावल गईल बा ।
जनकपुर से हुलाकी राजमार्ग होत बियफे के रात वीरगंज मे बिश्राम करके शुक के दिने आयोध्या पुगल टोली शनिचर के दिने राम मन्दिर ट्रष्ट के सनेश हस्तान्तरण कईल बा ।






