रेडक्रस सोसाइटी पोखरिया उपशाखा के ३४ वाँ वार्षिक सधारणसभा पुरा
रेडक्रस सोसाइटी पोखरिया उपशाखा के ३४ वाँ वार्षिक सधारणसभा पुरा

वीरगंज २१ पुस
नेपाल रेडक्रस सोसाइटी पोखरिया उपशाखा के ३४ वाँ वार्षिक सधारणसभा शनिचर के दिने एगो कार्जक्रम के बिच पुरा भईल बा ।
जिल्ला उचाङ्गल उच्च माध्यमिक बिद्यालय पोखरिया के सभाहल मे भईल सधारणसभा मे आ.व. २०७९÷०८० मे भईल आय–ब्यय १७ लाख ५५ हजार ४ सय ९३ रोपेया आ आ.व. २०८०÷०८१ के अनुमानित आय–ब्यय २३ लाख ६१ हजार ५२ रोपेया के बजेट कोषाध्यक्ष अनिल गिरी प्रस्तुत कईले रहनी ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी नेपाल रेडक्रस सोसाइटी पर्सा शाखा के उपाध्यक्ष भागवती प्रसाद चौधरी पोखरिया उपशाखा के खातिर बितल दिन मे भी सहजोग कईल आ आवेवाला दिन मे भी सहजोग करेके प्रतिबद्धता जनवनी । एहितरे पोखरिया नगरपालिका के पुर्व मेयर दिपनारायण रौनियार पोखरिया उपशाखा खातिर रक्तसंचार केन्द्र स्थापना करेके बात मेजोड देहले रहनी । पोखरिया अस्पताल ५० शैया मे स्तरोन्ती ईहे फागुन भितर होखेवाला भईला से रक्त संचार केन्द्र जरुरी रहल बतवनी ।
कार्जक्रम मे नगर उपप्रमुख रुबी ठाकुर रेडक्रस पोखरिया उपशाखा के सकेभर सहजोग करेके बतवनी । कार्जक्रम मे पुर्व उपमेयर सलमा खातुन पोखरिया उपशाखा के सदस्यता बिस्तार करत युवा आ जनानीलोग के सदस्यता देवे खातिर निहोरा कईले रहनी । उपशाखा के सभापती भगवान प्रसाद कुर्मी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे पुर्व एसएसपी सदान्न्द प्रसाद कुर्मी, डा. वकिल मियाँ, ललन द्विवेदी लगायत के लोग शुभकामना मनतव्य रखले रहनी ।






