केन्द्रिय पार्टी के जनप्रतिनिधिलोग संघियता आ गणतन्त्र के विरोध मे काम कर रहल बाडन : राजनिति सदस्य यादव

केन्द्रिय पार्टी के जनप्रतिनिधिलोग संघियता आ गणतन्त्र के विरोध मे काम कर रहल बाडन ः राजनिति सदस्य यादव

प्रभु यादव

बारा २१ पुस

बारा के पचरौता नगरपालिका के वार्ड नम्वर १ पिपरपती मे जसपा के संगठन विस्तार अभियान कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

“मन–मनमे जसपा घर–घर मे जसपा” नारा सहित पचरौता नगरपालिका मे संगठन विस्तार अभियान उदघाटन कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि केन्द्रिय राजनिती सदस्य रामकिशोर यादव पचरौता नगरपालिका के काज के देखावत केन्द्रिय पार्टी कहावेवाला के जनप्रतिनिधि सब संघियता आ गणतन्त्र के विरोध मे काम कररहल बतवले बानी ।

संगठन विस्तार अभियान उदघाटन आ अभिमुखिकरण कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि जनता समाजवादी के केन्द्रीय राजनिति सदस्य यादव नेपाल मे मधेश के जनता के देश मे भारतिय आ भारत मे मुह नाक से देख के नेपाली मानत ना रहल रहे जवना के जसपा पहिचान देले बा कहके दाबी कईनी । खेती करेवाला लोग के उत्पादन के मोल व्यापारी लगावले माकिर दुसर ओर के समान उत्पादन के मोल पहिलेसे लिख के पेठावेला जवन केहु सुनेवाला ना बा जवना के कईसे सुधार होई जवना खातिर जसपा लागल बा यादव बतावले बानी ।

मधेश जातजाती के पहचान के खातिर दु से तीन गो नाम से चिनाहवले माकिर नागरिकता बनावेला गईला पर पिता के नाम के पछाडी लिखल थर से लईका के थर फरक भईला पर जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे सास्ती देवेके काम होरहल बा जवना के सुधार करेला सहज बनावेला जसपा अवाज हरदम उठारहल यादव बतावले बानी ।

मधेशी समुदाय मे कुछ पार्टी लोग समुदाय के बाहुल्यता रहल जगह मे फुट करेला विभेद करावे मे सक्रिय बनरहल बा यादव सचेत होखेला जनता सब से निहोरा कईले बानी । भारत से जोडल सिमाना पहिले कम पुलिस रहल रहे जवना बेर मधेशी जनता रक्षा कईले रहनी माकिर अभि सभे जगह बा पुलिस तब गडबड होरहल बा अउरी फरक समुदाय के लोग शासक लोग मधेशी राष्ट्रियता हटा दि कहके सिकायत करेला दोष राजनिति सदस्य यादव बतावले बानी ।

कार्जक्रम के विशिष्ट अतिथि जनता समादवादी पार्टी के मधेश प्रदेश अध्यक्ष रामबाबु यादव राज्यसत्ता मे संख्या के अधार मे भाग मिलेके परल कहके पार्टी के माग रहल बा । जनता के अधिकार के खातिर दलित, जनजाती सभे के खातिर हरेक क्षेत्र मे सहभागिता करावेला जसपा के माग से मिलल जवना के हटावेला कुछ दल लोग लागल यादव बतावले बानी ।

प्रदेश से उठल कर के ३५ प्रतिशत प्रदेश सरकार, ३५ प्रतिशत स्थानिय सरकार के आ ३० प्रतिशत केन्द्रीय सरकार भागभण्डा करे के जसपा माग कर रहल बा माकिर आउर पार्टी लोग सभे केन्द्रीय से होखो कह रहल यादव बतावले बानी । संघियता माग करेला समय मे गोली चलावेवाला पार्टी के जनप्रतिनिधि लोग शिक्षा, स्वास्थ्य आउर मिलल अधिकार के बन्द करेके काम कररहल उसब केन्द्रीय के ईसारा पर करहल बा अध्यक्ष यादव जनकारी करावले बानी ।

जनता समाजवादी के देन बा कि नागरिकता ना रहल नेपाली लोग के दियावेके काम कईले बा कहके प्रदेश अध्यक्ष यादव बतवले बानी । हमनी मधेशी जनता समय मे ना सचेत होखेम तब संघियाता हटावेवाला लोग हटाके फिर से हमर पढललिखल लईका सब के फिर से लोगी खाएके परी कहके यादव चिन्ता जनवनी । नेपाल सरकार से मुस्लिम, दलित, मधेशी, जनजाति सभे के आरक्षण मे राख के नोकरी देवेके कानुन बनल बा अउरी प्रदेश मे बनावेके काम होरहल प्रदेश अध्यक्ष यादव जनकारी करावले बानी ।

जसपा के पचरौता नगरकार्य समिति अध्यक्ष पूर्व नगर अध्यक्ष रमेश यादव के सभापतित्व मे भईल कार्यक्रम मे केन्द्रीय सदस्य प्रकाश चौगाई, मधेश प्रदेश सभा के पूर्व अर्थराज्य मन्त्री उषा यादव लगायत के लोग जसपा के कार्य के सम्बन्ध मे पार्टी के कार्यकर्ता लोग के जनकारी करावले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।