वीरगंज–१८ सुखचैना मे युवा जागरण कमिटी गठन

वीरगंज १५ फागुन
युवा जनशक्ति समाज नेपाल पर्साद्धारा सञ्चालित युवा जागरण अभियान अन्तर्गत आजु वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १८ सुखचैना मे युवा जागरण कमिटी गठन भईल बा ।
सुखचैना मे भईल युवालोग के भेला से १५ सदस्यीय युवा जागरण कमिटी गठन भईल बा । स्थानिय युवा संजय मण्डल (महतो) के संयोजकत्व मे जागरण कमिटी गठन भईल बा । जेकर सह–संयोजक मे ज्ञानेश्वर मण्डल आ नवीन मण्डल, सदस्यलोग मे जितेन्द्र साह, सरोज कुशवाहा, शिपलाल राम, श्यामसुन्दर पटेल, प्रशुराम महतो, देवनाथ साह तेली, अमरदेव महतो, गौतम मण्डल, अजय साह, अगनिजित मण्डल, अजय राम आ ससिरंजन गुप्ता रहल बानी ।
स्थानिय युवा संजय मण्डल के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि युवा जनशक्ति समाज नेपाल पर्सा के अध्यक्ष बिनेश प्रसाद कुर्मी समाज मे रहल अनेकन किसिम के विकृति, विसंगती आ कुरितिसब के विरुद्ध मे युवालोग के एकजुट होके अभियान चलावेके बात मे जोड देहनी ।
स्थानिय स्तर मे रहल अनेकन समस्याबस के युवालोग खुदे एकजुट होके समाधान करेके आ खुदसब से होखे ना सकल युवा जनशक्ति समाज नेपाल सरोकारवाला निकाय समक्ष पुग के ध्यानाकर्षण करईला के साथे समाधान के खातिर पहल करेके अध्यक्ष कुर्मी प्रतिबद्धता जनवनी ।
वार्ड मे अनेकन किसिम के समस्यासब रहला पर भी शिक्षा, स्वास्थ्य, यातायात, रोजगारी लगायत के आधारभुत समस्यासब के पहिचान करके अगाडि बढे खातिर सुझाव देहनी ।
उ अवसर मे युवा जनशक्ति समाज नेपाल के सचिव जायेद हुसैन, युवा जागरण अभियान के सह–संयोजक संगित पाण्डे, अभियान के सदस्यलोग नन्दलाल ठाकुर, करण पटेल, विक्रम पटेल, अहमद अफरोज आ मनोज प्रसाद कुर्मी लगायत के सहभागीता रहल रहे । उ कार्जक्रम के सहजीकरण सदस्य अजय कुमार चौरसिया कईले रहनी ।





