वीरगंज नाका मे एक भारतीय मे जेएन.१ संक्रमण पुष्टि

वीरगंज नाका मे एक भारतीय मे जेएन.१ संक्रमण पुष्टि

वीरगंज २५ पुस

वीरगंज स्थित नेपाल–भारत सीमा रहल हेल्थ डेस्क मे बुध के दिने एक भारतीय नागरिक मे कोरोना के नयाँ भेरिएन्ट जेएनरु.१ के संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

डेस्क प्रमुख तथा वीरगंज महानगरपालिका के कार्यालय के जनस्वास्थ्य निरीक्षक सुमनचन्द्र ठाकुर के मुताविक भारत के कोलकाता से नेपाल भ्रमण मे आईल २५ बरीस के पुरुष मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । ‘उनकर समूह मे १ दर्जन भारतीय पर्यटक रहलन, काठमाण्डु घुमे जाएके तईयारी रहल उ समूह के सभी के रेपिड टेष्ट कईला पर १ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा,’ ठाकुर कहनी, ‘नेपाल पुलीस के समन्वय मे भारत से आईल स्वास्थ्यकर्मीलोग के टोली बुध के दिने हि उ युवक के भारत लेगईल बा ।’

भारतीय पर्यटक के ई टोली कोलकाता से रेल चढके रक्सौल तक आईल रहे । टोली के नेपाल के एक ट्राभल एन्ड टुर कम्पनी वीरगंज से हरदम आपन गाडी चढाके काठमाण्डु लेजाएके तईयारी करत रहे । वीरगंज स्थित नेपाल–भारत सीमा मे रहल हेल्थ डेस्क मे चालु आर्थिक बरीस मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल ई पहिलका घटना भईल ठाकुर बतवनी ।

भारत मे जेएनरु.१ के संक्रमण फईलत गईला पर एने डेस्क मे सतर्कता अपनावल गईल आ दैनिकजसो ५० से ६० जने के कोरोना परीक्षण कईल ठाकुर बतवनी । ‘दैनिक बहुते संख्या मे भारतीयलोग नेपाल आवजाव करेलन, सभी के परीक्षण सम्भव नईखे,’ ठाकुर कहनी, ‘माकिर दिल्ली, कोलकाता तथा दक्षिण भारत के अनेकन सहरसब से नेपाल आवेवाला पर्यटकलोग के भी परीक्षण करेके हरसम्भव प्रयास हो रहल बा ।’

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।