सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका के १२ वाँ गाँवसभा के उदघाटन पुरा

सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका के १२ वाँ गाँवसभा के उदघाटन पुरा

वीरगंज २५ पुस

पर्सा जिल्ला के सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका के १२ वाँ गाँवसभा आजु से सुरु भईल बा ।

सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका के हिउदे गाँव सभा के उदघाटन गाँवपालिका अध्यक्ष जसवन्त यादव पानस मे बती बारके कईले रहनी ।

बियफे (आजु) तक चलेवाला गाँव सभा मे बजेट अर्धबार्षिक समीक्षा आ २०८०÷८१ के बजेट संशोधन प्रस्ताव मे छलफल करेके कार्जक्रम रहल गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत राजेश प्रसाद रौनियार बतवनी ।

गाँवसभा कार्जक्रम मे उपाध्यक्ष शर्मिला बिस्ट महतो, वार्ड अध्यक्ष बासदेव महतो थारु, चिरंजीबि महतो थारु, मोजामिल अन्सारी, आरिफ मियाँ, अशेषर प्रसाद यादव, मुन्ना प्रसाद लगायत कार्यपालिका सदस्य, वर्डा सदस्य, कर्मचारी लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।