युट्युब समग्र पत्रकारिता के अगुवाइ कर सकता : काउन्सिल अध्यक्ष बस्नेत

काठमाण्डु २६ पुस,
प्रेस काउन्सिल नेपाल के अध्यक्ष बालकृष्ण बस्नेत युट्युब मार्फत् पत्रकारिता करेके बा त व्यवस्थित होखेके आ पत्रकार आचारसंहिता पालना करे खातिर अनिवार्य भईल बतवले बाडन ।
अभी नेपाल के पत्रकारिता के अगुवाइ करे खातिर युट्युबमार्फत् करेवाला मर्यादित पत्रकारिता से महत्वपूर्ण भूमिका खेलेके उनकर कहनाम बा । बियफे के दिने काउन्सिल के आयोजना मे सञ्चारग्राम मे भईल युट्युब व्यवस्थापन के सन्दर्भ मे आचारसंहिता अभिमुखीकरण कार्जक्रम मे बोलत अध्यक्ष बस्नेत नेपाल के पत्रकारिता मे युट्युब के प्रत्यक्ष प्रभाव बढत गईला से पत्रकारिता करेके बा त युट्युब के सञ्चालन व्यवस्थित कईल जरूरी भईल बतवनी ।‘अपनेलोग युट्युब से हि पत्रकारिता करेम कहके सोंचले बानी त पत्रकारिता के मूल्य मान्यता मुताविक चली आ पत्रकारिता कर्म करीं । केहु अपने उपर सवाल उठाई त हमनी साथ मे बानी,’ उ कहनी । प्रेस काउन्सिल सभी पत्रकार के अभिभावक संस्था भईला से युट्युबमार्फत् पत्रकारिता करेवाला के भी अभिभावक भईल प्रस्ट करत उ युट्युब के समस्या समाधान करेके विषय मे काउन्सिल हरदम गम्भीरतापूर्वक भूमिका निर्वाह करेके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।