बलिरामपुर सशस्त्र पुलीस के एफओबि मे आगलागी, गोलीगट्ठा सहित के सभी हथियार जरके नोक्सान

बलिरामपुर सशस्त्र पुलीस के एफओबि मे आगलागी, गोलीगट्ठा सहित के सभी हथियार जरके नोक्सान

वीरगंज १२ फागुन

बारा जिल्ला के विश्रामपुर गाँवपालिका मे रहल सशस्त्र प्रहरी फरवार्ड आउट पोस्ट (एफओबी) मे आगलागी भईल बा ।

जिल्ला के विश्रामपुर गाँवपालिका के बलिरामपुर मे रहल सशस्त्र पुलीस के एफओबी मे विद्युत् सर्ट होके आगलागी भईल मधेस प्रदेश सशस्त्र प्रहरी प्रमुख दीपेन्द्र शाह बतवनी ।

उ कहनी, ‘आगलागी से केतना नोक्सानी भईल कहके समाचार तईयार करे तक विस्तृत विवरण आवेके बाँकी बा । माकिर सभी हाथहथियार गोलीगट्ठा सहित सभी सामान जरके नोक्सान भईल प्रारम्भिक जानकारी आईल बा ।’ दिनके ३ बजे से सुरु भईल आगलागी से कउनो किसिम के मानवीय क्षति ना भईल उ जानकारी देहनी ।

एफओबी मे रहल सभी हाथहथियार, गोलीगट्ठासहित सभी कागजात तथा खाद्यान्न आ लत्ताकपडा जरके नोक्सान भईल सशस्त्र पुलीस जनवले बा ।

अभी आगलागी नियन्त्रण मे आईल सशस्त्र प्रहरी एफओबी बलिरामपुर जनवले बा । केतना हाथहथियार तथा गोलीगगट्ठा नोक्सान भईल कहके यकिन विवरण अभी तक आवे ना सकल बलिरामपुर सशस्त्र पुलीस के कहनाम बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।