वीरगंज मे एकता दिवस के कार्जक्रम मे राप्रपा के ब्यानर राखला पर राजावादी बीच भईल बिवाद

वीरगंज मे एकता दिवस के कार्जक्रम मे राप्रपा के ब्यानर राखला पर राजावादी बीच भईल बिवाद

वीरगंज २७ पुस

पृथ्वीनारायण शाह के जन्मजयन्ति तथा राष्ट्रिय एकता दिवस के कार्जक्रम मे राजावादीलोग बीच हि विवाद भईल बा । वीरगंज के घण्टाघर चोक मे शुक के दिने राष्ट्रिय एकता दिवस के अवसर मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे दल के ब्यानर राखेके विषय मे राजवादीलोग बीच विवाद भईल बा ।

एकता दिवस के अवसर मे पूर्वराजा ज्ञानेन्द्र साह के स्वागत तथा नागरिक अभिनन्दन मूल समारोह समिति से आयोजना कईल नागिरक सभा चल रहल समय राप्रपा के नेता कार्यकर्ता राप्रपा के ब्यानर राखेके खोजला पर विवाद भईल बा ।

कार्जक्रम चल रहल समय राप्रपा नेतृ तथा प्रतिनिधि सभा सदस्य विणा कुमारी कुर्मी के पति तेजप्रताप सिंह लगायत के राप्रपा के नेता कार्यकर्ता अलगे राप्रपा के ब्यानर राखेके खोजले रहलन । माकिर, आयोजक के कुछ कार्यकर्ता राप्रपा के ब्यानर हटईला के बाद उहे विषय मे विवाद सुरु भईल रहे । ओकरा बाद दुनु पक्षबीच भनाभन भईला के साथे सामान्य धकेलाधकेल भी भईल रहे । राप्रपा के ब्यानर हटईला के बाद कार्जक्रम मे अतिथि के रुप मे मञ्च मे आसिन राप्रपा नेतृ तथा प्रतिनिधि सभा सदस्य कुर्मी लगायत राप्रपा के नेता कार्यकर्ता उठके गईल रहलन । ओकरा बाद आयोजक संस्था के अगुवालोग विवाद के साम्य बनाके हटावल गईल राप्रपा के ब्यानर फेनु राखे लगवले रहलन ।

माकिर, राप्रपा के ब्यानर पुनः राखला के बाद कार्जक्रम मे सहभागी राष्ट्रवादी संघ के नेता कार्यकर्ता ओकर विरोध जनावत नाराबाजी करके कार्जक्रम स्थल से बाहर गईल रहे ।

कार्जक्रम मे आयोजक समिति के बाहेक आउर कउनो दल भा समूह के ब्यानर ना राखेके सहमति भईला के बाद राप्रपा के नेता कार्यकर्ता जबरजस्ती आपन पार्टी के ब्यानर राखके कार्जक्रम हि भाँडेके खोजला से खुदसब कार्जक्रम छोडके चलेके परल राष्ट्रवादी संघ के केन्द्रीय अध्यक्ष जनकलाल साह बतवनी ।

उ कहनी, ’माघ १३ गते वीरगंज मे पूर्व राजा ज्ञानेन्द्र शाह के नागरिक अभिनन्दन के खातिर २० गो दल आ समुह आबद्ध मूल समारोह समिति गठन कईल रहे । आजु के कार्जक्रम मे इहे समिति के मात्र ब्यानर राखेके सहमति भईल रहे । माकिर राप्रपा जबरजस्ती आपन ब्यानर राखके कार्जक्रम भाँडेके खोजला के बाद हमनी कार्जक्रम छोडके अईनी ।’

घण्टाघर चोक मे आयोजना कार्जक्रम के अध्यक्षता समिति के अध्यक्ष देवेन्द्रलाल नेपाली कईले रहलन आ प्रमुख अतिथि समिति के केन्द्रीय संयोजक नरेश बहादुर सिंह रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।