विश्रामपुर गाँवपालिका के १४ वाँ गाँवसभा पुरा
विश्रामपुर गाँवपालिका के १४ वाँ गाँवसभा पुरा

प्रभु यादव
बारा २८ पुस
बारा के विश्रामपुर गाँवपालिका के १४ वाँ सभा हिउदे बजेट विनियोजित कर के पुरा भईल बा ।
गाँव कार्यपालिका के कार्यालय विश्रामपुर के सभा हल मे कार्जक्रम कर के गाँवसभा सम्पन्न भईल बा । गाँवपालिका के अध्यक्ष जुल्फकार अलि भुटो जनता से चुनल प्रतिनिधि हई जनता के खातिर कार्य कईल हमनी के पहिलका कार्य भईल बतवले बानी ।
पालिका के विकास करेला सबदिन अपने आगाडी बढके करेला भुटो बतावले बानी । गाँवसभा मे उपाध्यक्ष प्रियांका देवी, वार्ड नम्वर २ के वार्ड अध्यक्ष मनोज यादव, वार्ड नम्वर ४ के वार्ड अध्यक्ष किशोरी साह तुरहा, गाँवपालिका के विकास के काम मे अधिक जोड देवेके बतावले रहनी ।
पालिका के नायव सुब्बा देवकुमार मण्डल के सञ्चालन रहल गाँवसभा मे प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत सुधन लामिछाने प्रशासनिक कामकाज के जानकारी करावले रहनी ।
गाँवसभा के कार्जक्रम मे कार्यपालिका सदस्य, वार्ड अध्यक्ष आ वार्ड सदस्य सहित पत्रकार, कर्मचारी गाँव के भरभलादमी लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






