ठण्डी बढला के बाद वीरगंज के विद्यालयसब आउर तीन दिन के खातिर बन्द
ठण्डी बढला के बाद वीरगंज के विद्यालयसब आउर तीन दिन के खातिर बन्द

वीरगंज ०१ माघ
ठण्डी घटला के बदले आउर बढत गईला के बाद वीरगंज महानगरपालिका के विद्यालयसब आउर तीन दिन के खातिर बन्द कईले बा ।
तराई–मधेस मे दु हप्ता एने ठण्डी बढत गईला के चलते जनजीवन प्रभावित भईल बा । कुहाँ लागला के साथे शीतलहर भी चले लागला के बाद खास करके बुढ, लईकालईकी आ दैनिक ज्याला मजदुरी मे काम करेवाला के बेसी सास्ती भईल बा ।
ठण्डी बढला के बाद विद्यालय मे लईकालईकी के पठनपाठन मे समस्या भईला के बाद वीरगंज महानगरपालिका एकरा से पहिले पुस २३ से पुस २९ गते तक महानगर के सभी विद्यालयसब बन्द कईले रहे ।
सोमार के दिने माघ १ गते सार्वजनिक छुटी के बाद माघ २ गते से पठनपाठन सुचारु होखेके कहला पर भी ठण्डी आउर बढला के साथे शीतलहर भी चले लागला के बाद महानगरपालिका माघ २ गते मंगर से माघ ४ गते बियफे तक आउर तीन दिन के खातिर विद्यालयसब बन्द करेके निर्णय कईल महानगर के शिक्षा समिति के संयोजक ईश्वरचन्द्र यादव जानकारी देहनी ।
माघ ५ गते मधेस प्रदेश मे बलिदानी दिवस के सार्वजनिक छुटी देहल गईल आ माघ ६ गते शनिचर के दिन परला से अब महानगर के विद्यालयसब माघ ७ गते से मात्र नियमित रुप मे सञ्चालन मे आवेके यादव बतवनी ।





