सानो पाइला सहकारी मे डुबल सवा अरब रोपेया

सानो पाइला सहकारी मे डुबल सवा अरब रोपेया

वीरगंज ०२ माघ

वीरगंज–१० आदर्शनगरस्थित सानो पाइला बचत तथा ऋण सहकारी संस्था मे सर्वसाधारण के सवा अरब से बेसी रोपेया डुबल बा । संस्था के सञ्चालक मात्र ना, कर्मचारी भी ६ महिना से कार्यालय बन्द करके सम्पर्कविहीन बाडन । जउना के चलते बचत रकम फिर्ता ना मिलला पर ८ सय से बेसी बचतकर्ता घर ना घाट के भईल बाडन ।

काठमाण्डु कालीमाटी मे केन्द्रीय कार्यालय रहल ई सहकारी के मुख्य व्यवस्थापक तथा सञ्चालक गितेन्द्रबाबु (जीबी) राई हउवनन । उनका सहित अधिकांश पदाधिकारी फरार भईला के बाद बचतकर्ता आपन रोपेया फिर्ता मिले सकल नईखे । सानोपाइला सहकारी पीडित संघर्ष समिति के संयोजक सुशील अग्रवाल के मुताविक उ संस्था मे वीरगंज के साना तथा बडका व्यापारी, मजदुर, सर्वसाधारण करके आठ सय से बेसी आदमी के करिब १ अरब ३५ करोड रोपेया बचत रहे । ईलाज के खातिर कम बेस करके जम्मा कईल रोपेया जरुरी परल समय फिर्ता मिले ना सकल बतावेलन बचतकर्ता अंकति अग्रवाल ।

‘आँख के ईलाज के खातिर बहुते रोपेया चाहिं कहके हरेक महिना मिहिनेत करके कमाईल २०–२५ हजार जम्मा करत आईल रहनी’, उ कहनी, ‘१० लाख जेतना एफडी भी कईले रहनी । ईलाज करावेके समय अईला पर सहकारी के अफिस हि बन्द बा । अब हम आपन ईलाज कईसे कराई ?’ दोसर बचतकर्ता रामबाबु कलवार बेटी के बियाह के खातिर कहके सहकारी मे पईसा जम्मा कईले रहलन । उ भी रोपेया फिर्ता मिले सकल नईखे । ‘जमिन बेंचके मेहरारु के नाम मे खाता खोल के ६ लाख रोपेया जम्मा कईले रहनी । ओकर अलावा दैनिक ५००–१००० के दर से भी पईसा जम्मा करत आईल रहनी’, कहत उ, ‘बेटी के बियाह के समय पईसा निकाले गईला पर सहकारी मे ताला लागल देखके चकित हो गईनी ।

सहकारी के साहुलोग के अत्तापत्ता नईखे । कर्मचारी भी सम्पर्कविहीन बाडन ।’ दोसर पीडित विक्रम सर्राफ के दुःख भी ओईसने बा । कहेलन, ‘एक बरीस पहिले हमनीसब पईसा मागे गईला के बाद शाखा प्रमुख पाँच–पाँच हजार के दर से देम कहले रहलन । माकिर, एक रोपेया भी फिर्ता ना मिलल । खुनपसिना चुवाके कमाईल पईसा डुबल ।’

आपन पईसा फिर्ता आ सञ्चालक के कारबाही के माग करत पीडित वीरगंज मे प्रदर्शन करत आईल बाडन । उलोग वीरगंज महानगरपालिका आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे उजुरी देहले बाडन । फिरभी अभी तक रोपेया फिर्ता मिले सकल नईखे । सहकारी के कर्मचारी एक बरीस से जम्मा भईल पईसा फिर्ता ना देहला के बाद पीडित बितल जेठ ३२ गते आदर्शनगरस्थित कार्यालय मे धर्ना देहले रहलन । ओकरा बाद भी कउनो सुनुवाइ ना भईला से पुस २७ गते भी उलोग के वीरगंज मे विरोध प्रदर्शन कईलें ।

‘पुस २७ मे जुलुस निकाल के प्रदर्शन कईल गईल । अब सहकारी के फरार मुख्य सञ्चालक जीवी राई सहित के पकडके कारबाही के माग करत जिल्ला प्रशासन कार्यालय आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे भी ज्ञापनपत्र बुझाएम’, संघर्ष समिति के संयोजक अग्रवाल कहनी, ‘ओकरा बाद जिल्ला के प्रतिनिधिसभा आ प्रदेशसभा सदस्यलोग के पीडितलोग सामूहिक रूप मे भेट करके दबाब देम ।’

महानगरपालिका के सहकारी, रोजगार तथा उद्यम प्रवद्र्धन शाखा के प्रमुख सुनील कर्ण के मुताविक सानोपाइला विरुद्ध १ सय १५ से बेसी बचतकर्ता के लिखित उजुरी परल बा । महानगर मे परल उजुरी के आधार मे सहकारी एक अरब से बेसी रोपेया हिनामिना करके सदस्य के फिर्ता ना कईल देखल गईल कर्ण के कहनाम बा । जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे भी ५२ गो उजुरी परल पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमारविक्रम थापा बतवनी ।

पक्राउ पुर्जी के बाद जीवी राई सहित सञ्चालक फरार

सहकारी एक बरीस से बचतकर्ता के रोपेया फिर्ता देवेमे आनकानी कईल कहत उजुरी परला के बाद महानगरपालिका बितल जेठ १६ गते भितर सञ्चालकलोग के बोलवलख । माकिर उ समय भितर सहकारी सञ्चालक उपस्थित ना भईलन । महानगरपालिका बितल जेठ ३१ गते सार्वजनिक सूचना हि जारी करत सात दिन भितर हाजिर होखेके निर्देशन देहलख ।

सहकारी के सञ्चालक ओकरा के भी अटेरी कईलन । महानगरपालिका बितल असार २४ गते संस्था के मुख्य सञ्चालक तथा संरक्षक जीवी राई सहित सञ्चालक के महानगरपालिका कार्यालय मे बोलाके छलफल चलवलख । उ छलफल मे सञ्चालक आ व्यवस्थापक समस्या समाधान के खातिर १५ दिन के समय मँगलें । संस्था के आर्थिक अवस्थाबारे प्रस्ट होखेवाला किसिम से श्वेतपत्र जारी करेके कहलन । यद्यपि संस्था से जारी कईल श्वेतपत्र चित्तबुझ्दो ना भईला के बाद महानगरपालिका के टोली सहकारी कार्यालय मे अनुगमन मे पुगल । माकिर, अनुगमन मे गईला पर उ दिन सहकारी कार्यालय मे संरक्षक, सञ्चालक, पदाधिकारी आ व्यवस्थापक केहु ना मिलल कर्ण बतवनी ।

महानगर भादो ४ गते उ सहकारी के समस्याग्रस्त घोषणा करत सञ्चालक के चलअचल सम्पत्ति रोका करके उलोग के पकडे खातिर अनेकन समय मे पत्राचार कईले रहे । कर्ण के मुताविक भूमिव्यवस्था, सहकारी तथा गरिबी निवारण मन्त्रालय समक्ष सानो पाइला सहकारी के समस्याग्रस्त घोषणा करे खातिर सिफारिस कईल रहे ।

नेपाल राष्ट्र बैंकसमक्ष सहकारी के संरक्षक, पूर्वसञ्चालक, वर्तमान सञ्चालक तथा लेखा सुपरिवेक्षण समिति के सदस्यलोग के भी बैंक खाता के साथे चल–अचल सम्पत्ति रोक्का करे खातिर सिफारिस कईल रहे ।

पुलीस के केन्द्रीय अनुसन्धान ब्युरोसमक्ष संस्था के संस्थापक एवं संरक्षक जीवी राई, अध्यक्ष अनन्तबाबु राई, उपाध्यक्ष सुनित श्रेष्ठ, सचिव देवेन्द्रबाबु राई, कोषाध्यक्ष कुमार रम्तेल, सदस्य अशोक यादव, थानबहादुर बुढा मगर आ धीरज दास, संस्था के व्यवस्थापक असरफ अली, पूर्वउपाध्यक्ष नेहा पौडेल, पूर्वसचिव तस्बिरन मियाँ, पूर्वकोषाध्यक्ष सृष्टि मानन्धर सहित १५ जने के पकडके कारबाही के खातिर सिफारिस कईल रहे ।

पर्सा जिल्ला अदालत बितल कुवार पहिलका हप्ता सहकारी के सञ्चालक, व्यवस्थापक, सदस्य आ कर्मचारी सहित १३ जने विरुद्ध पक्राउ पुर्जी जारी कईले रहे । जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के मुताविक अदालत से सहकारी के संस्थापक जीवी राई, वर्तमान अध्यक्ष अनन्त बाबु राई, उपाध्यक्ष सुनित श्रेष्ठ, पूर्वउपाध्यक्ष नेहा पौडेल, सचिव देवेन्द्र बाबु राई, पूर्वसचिव तस्बिरन मियाँ, कोषाध्यक्ष कुमार रम्तेल, पूर्वकोषाध्यक्ष सृष्टि श्रेष्ठ (मानन्धर), सदस्यलोग थानबहादुर बुढा मगर, धीरजकुमार दास, पूर्वसदस्य अशोक यादव, प्रवन्धक असरफ अलि सिद्धिकी आ कर्जा अधिकृत राधेचन्द्र यादवविरुद्ध पक्राउ पुर्जी जारी कईले रहे ।

जउना मेसे कोषाध्यक्ष कुमार रम्तेल आ कर्जा अधिकृत राधेचन्द्र यादव मात्र पकडाईल बाडन । रम्तेल के काठमाण्डु स्थित उपत्यका अपराध अनुसन्धान महाशाखा मीनभवन बितल भादो २५ गते पकडले रहे । पोखरास्थित सूर्यदर्शन बचत तथा ऋण सहकारी संस्था लिमिटेड के सदस्य भी रहल रम्तेल सहकारी मार्फत करिब एक हजार बचतकर्ता के अरबो रोपेया हिनामिना कईल आरोप मे अपराध अनुसन्धान महाशाखा उनका के पकडले रहे । यादव के पर्सा पुलीस बितल कुवार ५ गते पकडल पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक कोमल शाह के कहनाम बा । उनका मुताविक फरार रहललोग के खोजी जारी बा ।

बचतकर्ता से जम्मा कईल रकम फिर्ता मागत प्रदर्शन आ धर्ना देवे लागला के बाद कर्मचारी भी कार्यालय छोडके सम्पर्कविहिन भईल बाडन । कार्यालय मे जरुरी कगजात आ उपकरणसब भी नईखे । महानगरपालिका के टोली सहकारी के शाखा कार्यालय बितल पुस २७ गते सिल कईले बा । मेयर राजेशमान सिंह के निर्देशन मे बियफे के दिने वार्ड अध्यक्ष जयप्रकाश अग्रवाल, जिल्ला प्रशासन कार्यालय के प्रतिनिधि ब्रह्मदेवप्रसाद यादव आ प्रहरी सहायक निरीक्षक राम ईश्वर महतो के रोहवर मे सहकारी सिल कईल कर्ण के कहनाम बा । उल्था अन्नपूर्ण

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।